इंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इंक्लूसिव अलायंस
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के अगुआई में बिपक्ष के पार्टी सभ के बिग-टेंट गठबंधन
(इंडियन नेशनल डेमोक्रेटिक इंक्लूसिव अलायंस से अनुप्रेषित)
इंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इंक्लूसिव अलायंस (इंडिया), (अंग्रेजी: Indian National Developmental Inclusive Alliance[1] (I.N.D.I.A)) एगो बड़हन भारतीय राजनीतिक गठबंधन बा जेकर अगुआई भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस क रहल बा आ एम्मे 26 ठे भारतीय राजनीतिक दल सामिल बाड़ें। एकर मकसद 2024 के भारतीय आम चुनावन में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अगुआई वाला सत्ताधारी गठबंधन नेशनल डेमोक्रेटिक अलायंस (एनडीए) के हरावल आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सत्ता से बाहर कइल बा।
इंडियन नेशनल डेवलपमेंटल इंक्लूसिव अलायंस Indian National Developmental Inclusive Alliance | |
---|---|
संछेप नाँव | INDIA (Official) I.N.D.I.A (Alternate) |
स्थापित | 18 जुलाई 2023 |
जेकरे विलय से | |
पहिले रहल | संजुक्त बिपक्ष |
बिचारधारा | बिग टेंट |
रंग चीन्हा | (Official) (Alternative) |
चुनाव आयोग स्थिति | राष्ट्रीय गठबंधन |
गठबंधन | 26 पार्टी |
लोकसभा सीट | 143 / 543 |
राज्यसभा सीट | 98 / 245 |
राज्य बिधानसभा सभ में सीट | 1,934 / 4,036 |
राज्य बिधानपरिषद सभ में सीट | 120 / 423 |
राज्य आ संघ राज्यक्षेत्र जहाँ सरकार बा | 11 / 31 |
भारतीय बिपक्षी पार्टी सभ के पहिली बइठक पटना में 23 जून 2023 के नीतीश कुमार के अध्यक्षता में पटना में भइल जवना में एगो नया गठबंधन बनावे पर सहमती बनल आ दुसरी बइठक बंगलौर में सोनिया गांधी के अध्यक्षता में भइल जेह में ई नया नाँव एकमत हो के अंकार कइल गइल।
संदर्भ
- ↑ "Which are the 26 parties in the INDIA combine, the face of Opposition unity for the 2024 Lok Sabha polls?". द हिंदू (भारतीय अंग्रेजी में). 26 जुलाई 2023. Retrieved 28 जुलाई 2023.
ई लेख भारत की एगो राजनैतिक पार्टी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |