एमएसीडी, मूविंग एवरेज कन्वर्जेंस/डिवर्जेंस के संछेप रूप हवे, ई एगो ट्रेडिंग इंडिकेटर हवे जेकर इस्तेमाल सिक्योरिटी सब के दाम के टेक्नीकल एनालिसिस में होला, जेराल्ड एप्पल द्वारा 1970 के दशक के अंत में बनावल गइल।[1] एकरा के अइसन बनावल गइल बा कि कवनो शेयर के दाम में कवनो ट्रेंड के ताकत, दिशा, गति आ अवधि में बदलाव के पता चल सके।

जइसन कि नाँवें से पता चलत बा कि एमएसीडी दू गो चलंता औसत (मूविंग एभरेज) के कनवर्जेंस (एकट्ठा भइल) आ डाइवर्जेंस (अलग-अलग होके फइलल) के बारे में बा। कनवर्जेंस तब होला जब दू गो चलंता औसत एक दुसरे के ओर बढ़े लें आ डाइवर्जेंस तब होला जब चल औसत एक दुसरे से दूर हो जालें।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "What Is MACD?". Investopedia (अंग्रेजी में). Retrieved 15 मई 2024.