ड्रमलिन ग्लेशियर वाला इलाका में, ग्लेशियर से होखे वाला जमाव के दौरान बने वाला एगो थलरूप हऽ। एह शब्द के उत्पत्ती आयरिश भाषा से भइल हवे आ एकर शाब्दिक अरथ होला 'एक दिसा में लमछर पहाड़ी'। ई ड्रमलिन सभ ग्लेशियर से होखे वाला जमाव (डिपोजीशन या निक्षेप) से बने लें आ इनहन के आकृती उल्टा चम्मच या फिर जमीन में दबाइल अंडा नियर होखे ला[1]; एक ओर से ढाल तेज होला जबकि दुसरे ओर के ढाल तुलना में मंद होखे ला। ई सीधा सीधा लम्छर भी हो सके लें आ पैराबोला के आकृति में हो सके लें या फिर अउरी कौनों आकृति के भी हो सके लें अगर इनहन के लंबाई वाला लाइन के देखल जाय।[2]

ओंटैरियो झील के लगे एगो ड्रमलिन मैदान (फील्ड)

आमतौर पर ड्रमलिन सभ के लंबाई 1 से 2 किलोमीटर होला आ ऊँचाई लगभग 50 मीटर जबकि इनहन के चौड़ाई 300 से 600 मीटर के आसपास होखे ला। इनहन के रचना मुख्य रूप से ग्लेशियरी टिल से होला आ ई ग्लेशियर सभ के किनारे वाला हिस्सा में पावल जालें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Menzies(1979) quoted in Benn, D.I. & Evans, D.J.A. 2003 Glaciers & Glaciation , Arnold, London (p431) ISBN 0-340-58431-9
  2. "The planar shape of drumlins". Sedimentary Geologyurl-status=live. 232: 119–129. Bibcode:2010SedG..232..119S. doi:10.1016/j.sedgeo.2010.01.008. Archived from the original on 2015-09-24.