नाटू नाटू

2021 के एगो भारतीय फिल्मी गीत

"नाटू नाटू" तेलुगू-भाषा के एगो भारतीय गीत बाटे जेकरा एम. एम. कीरावनी संगीतबद्ध कइलें बाने, गीतकार चंद्रबोस बाने आ ई 2022 के भारतीय फिलिम आरआरआर के साउंडट्रैक एल्बम खाती गायक कलाकार राहुल सिपलीगुंज आ काल काल भैरव द्वारा गा के रेकार्ड कइल गइल बाटे। एह गीत के 10 नवंबर 2021 के (यूट्यूब पर बीडियो गीत के रूप में) एह एल्बम के दुसरा एकल गाना के रूप में, लहरी म्यूजिक आ टी-सीरीज द्वारा रिलीज कइल गइल। पूरा फुल बीडियो गीत, फिलिम के दृश्यन के साथ, 11 अप्रैल 2022 के यूट्यूबे पर रिलीज भइल।

"नाटू नाटू"
एम. एम. कीरावनीचंद्रबोस जेह में गायक राहुल सिपलीगुंजकाल भैरवा के फ़ीचर कइल गइल के सिंगल
आरआरआर एल्बम से
भाषातेलुगु
रिलीज तारीख10 नवंबर 2021
रेकार्ड भइल2021
स्टूडियोजेबी स्टूडियोज, हैदराबाद
बिधा
  • डांस
  • पॉप
  • भारतीय संगीत
  • पच्छिमी क्लासिकल
लंबाई3:36
लेबललहरी म्यूजिक
टी-सीरीज
संगीतकारएम. एम. कीरावनी
गीतकारचंद्रबोस
प्रोड्यूसरएम. एम. कीरावनी
Music video
यूट्यूब पर "Naatu Naatu"

एह गीत के 95वें अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, जबकि एकरा पहिले ई गीत बेस्ट ओरिजिनल सॉन्ग क गोल्डन ग्लोब अवॉर्ड जीतले रहल।[1] अकादमी अवार्ड जीते वाला ई पहिला एशियाई गीत बाटे।

गाना यूक्रेन के राष्ट्रपति भवन के बैकग्राउंड में फ़िल्मावल गइल बाटे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "नाटू-नाटू: ऑस्कर जीतने वाले पहले भारतीय गाने की पूरी कहानी" (वेब). बीबीसी न्यूज हिंदी. 13 मार्च 2023. Retrieved 14 मार्च 2023.