पोर्टफोलियो

फाइनेंस संबंधी सगरी इन्वेस्टमेंट के रेंज भा एकट्ठा रूप

फाइनेंस में, पोर्टफोलियो (अंग्रेजी: portfolio) सगरी निवेश (इन्वेस्टमेंट) सभ के एकट्ठा समूह होला।[1] केहू ब्यक्ति भा संस्था कहाँ-कहाँ केतना इन्वेस्टमेंट कइले बाटे आ केतना-केतना इन्वेस्टमेंट कइले बा ओह सगरी रेंज के एकट्ठा रूप से ओह ब्यक्ति भा संस्था क पोर्टफोलियो कहल जाई। एह में स्टॉक भा शेयर, बांड, कमोडिटीज, कैश, आ कैश के इक्विवैलेंट शामिल होखे लें; क्लोज्ड एंड फंड आ एक्चेंज-ट्रेडेड फंड (ETF's) भी शामिल होलें।[2]

एक्टिव इन्वेस्टमेंट खातिर पोर्टफोलियो मैनेजमेंट एगो बहुते जरूरी आ महत्त्व वाला चीज हवे। केहू ब्यक्ति आपन इन्वेस्टमेंट पोर्टफोलियो के खुदहू मैनेज क सके ला चाहे ऊ कवनों प्रोफेशनल ब्यक्ति चाहे संस्था के मदद ले सके ला। एह मैनेजमेंट स्ट्रेटजी में पोर्टफोलियो के डाइवर्सिफिकेशन (बिबिधता भरल बनावल) सबसे महत्व के चीज होला।


इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "portfolio meaning". dictionary.cambridge.org. Retrieved 13 मई 2024.
  2. "Financial Portfolio: What It Is, and How to Create and Manage One". Investopedia (अंग्रेजी में). Retrieved 13 मई 2024.