बिहार में पर्यटन

भारतीय राज्य बिहार में पर्यटन

भारत के पूरबी हिस्सा में मौजूद बिहार राज्य में पर्यटन के बिबिध अवसर एकरा समृद्ध इतिहास आ सांस्कृतिक वरासत के चलते बाड़ें; 3000 सालन से बेसी के समय से आबाद ई इलाका कई किसिम के इतिहासी धरोहर के इलाका हवे जे पर्यटक लोग के आकर्षण बने लें। बुद्ध के मुख्य कर्मस्थली रहल बिहार आ कौनों जमाना में मगध कई ठे बिसाल साम्राज्य सभ के हृदयस्थल रहल बिहार बौद्ध धर्म से जुड़ल धार्मिक तीर्थयात्री लोगन के आकर्षित करे ला आ साथे साथ एहिजा हिंदू धर्म आ सिख धर्म के महत्वपूर्ण अस्थान होखे के चलते तीर्थयात्री लोग आवे ला। गंगा के मैदानी इलाका में मौजूद एह राज्य में इकोटूरिज्म खातिर कई आकर्षण बाड़ें। एह सभ के चलते इहाँ पूरा दुनिया से पर्यटक लोग आवे ला।[1] एगो अनुमान के मोताबिक इहाँ सालाना 60 लाख (6 मिलियन) पर्यटक लोग आवे ला।[1]

चंद्रगुप्त मौर्य के शासनकाल में, मेगस्थनीज (B.C. 350-290 B.C.) एह इलाका के भ्रमण कइलें[2] जेकर बिबरन आ बरनन उनुके किताब इंडिका में दर्ज मिले ला। उनुके बेटा डायोनाइज अशोक के जमाना में पाटलिपुत्र (वर्तमान पटना) के यात्रा कइलें।[3] सातवीं सदी में ह्वेन सांगआइ चिंग नियर चाइनीज यात्री लोग नालंदा के परसिद्ध बिस्वबिद्यालय में अध्ययन करे खातिर इहाँ आइल रहल।

इकोलॉजिकल पर्यटन संपादन करीं

नेशनल पार्क, सैंक्चुअरी आ सफारी संपादन करीं

नेशनल पार्क संपादन करीं

सैंक्चुअरी संपादन करीं

सफारी संपादन करीं

बनस्पति आ जंतु पार्क संपादन करीं

जल भंडार संपादन करीं

नदी संपादन करीं

झरना संपादन करीं

सोता संपादन करीं

ताल आ झील संपादन करीं

पोखरा-तलाब संपादन करीं

  • मंगल तालाब
  • पांडु पोखरा

बंधा आ रिजर्वायर संपादन करीं

पहाड़ी आ गुफा संपादन करीं

Hills
Hills in Gaya, Rajgir hills

पहाड़ी सभ संपादन करीं

गुफा सभ संपादन करीं

कनेक्टिविटी आ पहुँच संपादन करीं

[[चित्|200px|thumb|right|पटना जंक्शन रेलवे टीशन के मुख्य गेट]]

बिहार पर्यटक लोगन खातिर एगो महत्व के बीचा में पड़े वाला जगह हवे जहाँ भारत के एकगो राज्य से दुसरे राज्य जाए वाला लोग रुके ला। बिहार पूरा देस के साथे हवाई, रेल आ सड़क मार्ग से बढ़ियां से जुड़ल बाटे।

  • हवाई जहाज से

राजधानी पटना में एगो राष्ट्रीय हवाई अड्डा पटना हवाइअड्डा बाटे। ई पूरा देस के बड़हन शहर सभ से जुड़ल बा आ रोज फ़्लाइट सब के इहाँ से आवागमन बाटे। गया हवाईअड्डा एगो इंटरनेशनल हवाईअड्डा हवे जे बिहार आ बगल के राज्य झारखंड दुनों खातिर महत्व के बाटे। गया के हवाईअड्डा राजधानी पटना से 96 किमी के दूरी पर बा आ कोलंबो, बैंकाक, सिंगापुरभूटान से जुड़ल बाटे।

  • रेल से

बिहार के मध्य भाग में स्थिति एकरा के कई गो मेन रेल लाइन सभ से जोड़े ले। ज्यादातर इलाका पुरूब मध्य रेल के अंतर्गत आवे ला। देस के राजधानी दिल्ली आ पूरबी भारत के सभसे महत्व के शहर कलकत्ता दुनों से ई जुड़ल बाटे; दिल्ली-हाबड़ा लाइन बिहार के गया से हो के गुजरे ले। एकरे अलावा दिल्ली से गौहाटी के जाए वाला रूट जे पूर्वोतर भारत से जोड़े ला बिहार से हो के गुजरे ला। राजधानी के पटना जंक्शन रेलवे इस्टेशन कुछ सभसे ब्यस्त टीशन सभ में गिनल जाला आ एकरे अलावा एहिजा दानापुर आ राजेंद्रनगर नियर टीशन एकर लोड कम करे खातिर बाने। इहाँ से बंबई आ दक्खिन भारत के अउरी मुख्य शहरन खातिर डेली रेलगाड़ी चले लीं।

  • सड़क से

बिहार के मुख्य शहर आपस में सड़क मार्ग से बढियाँ से कनेक्टेड बाड़ें। परिवहन बेवस्था में सरकारी आ प्राइवेट दुनों किसिम के बेवस्था मौजूद बाटे। झारखंड, उत्तर प्रदेश, पच्छिम बंगाल नियर अगल-बगल के राज्यन खातिर इंटरस्टेट बस सुबिधा उपलब्ध बा। रोडवेज के बस सभ बिहार से नैपाल के कई शहरन खातिर उपलब्ध बाड़ीं। सरकार सड़क परिवहन के बेहतर बनावे खाती मर्सिडीज के लक्जरी बस चला रहल बाटे आ अइसन 92 ठे बस सभ कुल 17 ठे रूट पर चल रहल बाड़ीं सऽ।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "Archived copy" (PDF). Archived from the original (PDF) on 2010-12-22. Retrieved 2011-02-26.{{cite web}}: CS1 maint: archived copy as title (link) Statics Tourism in Bihar on Indian Government's tourism website Archived 2008-10-08 at the Wayback Machine
  2. v,6
  3. Pliny the Elder, "The Natural History", Chap. 21 Archived 2013-07-28 at the Wayback Machine
  4. "National Dolphin Research Centre to come up in Patna this year: Deputy CM Sushil Kumar Modi".

बाहरी कड़ी संपादन करीं