शब्द

अरथबिज्ञान चाहे प्राग्मैटिक सामग्री वाला अकेल कहल जाए वाला सभसे छोट भाषाबैज्ञानिक तत्व

शब्द (अंग्रेजी: word) भाषा के आधारभूत तत्व हवे जे कौनों बस्तुगत (ऑब्जेक्टिव) चाहे बेहवारिक (प्रैक्टिकल) अरथ (भा मतलब) वाला होला, अपने-आप में अकेलहूँ इस्तेमाल कइल जा सके ला, आ बिना बेवधान के बोलल जाला। भले भाषा के बोले वाला लोगन में शब्द का होला एकरा बारे में सहज अवबोध होला, भाषाविज्ञानी लोग एकरा परिभाषा पर एकमत ना बा लोग आ कई गो कोसिस एकरा के परिभाषित करे के पैमाना सभ के निर्धारण खातिर भइल बा बाकी ई बिसय आ कांसेप्ट अबहिन ले बिबादास्पदे बाटे।

न्यूजीलैंड में एगो साइन-बोर्ड जवना प एगो पहाड़ी के नाँव लिखल बाटे जे अस्वाभाविक रूप से गजबे लमहर शब्द हवे :Taumatawhakatangi­hangakoauauotamatea­turipukakapikimaunga­horonukupokaiwhen­uakitanatahu (85 कैरेक्टर वाला)

आम व्याकरण के किताबिन में एकर परिभाषा उच्चारण कइल जाए वाली इकाई के रूप में कइल जाला आ सार्थक (मने जेकर कौनों अरथ होखे) आ निरर्थक (बिना अरथ वाला) शब्द के रूप में बिभाजन कइल जाला। शब्दन के समूह से फ्रेज, क्लॉजवाक्य बने लें।

संदर्भ संपादन करीं