सौर हवा

सुरुज से निकले वाला चार्ज पार्टिकल सभ के धारा

सौर हवा (अंग्रेजी: solar wind) सुरुज के ऊपरी वायुमंडल, जेकरा के कोरोना कहल जाला, से निकले वाला आवेशित कण सभ के धारा हवे। एह प्लाज्मा में ज्यादातर इलेक्ट्रॉन, प्रोटॉन आ अल्फा कण होलें जिनहन के गतिज ऊर्जा 0.5 से 10 केवी के बीच होला। एकरा के सोलर प्लाज्मा भी कहल जाला।