उड़ी भारतीय राज्य जम्मू काश्मीर के बारामुला जिला में एक ठो कस्बा बाटे। ई झेलम नदी के किनारे पर बाटे आ श्रीनगर से लगभग 100 किलोमीटर के दूरी पर[1] मौजूद बा।

उड़ी
कसबा
पहाड़ पर एक ठो घर
पहाड़ पर एक ठो घर
भारतकाश्मीर
राज्यजम्मू काश्मीर
जिलाबारामुला
Elevation
1,363 m (4,472 ft)
भाषा
 • ऑफिशियलउर्दू
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
193123
टेलीफोन कोड01956

जनसंख्या संपादन करीं

2001 के जनगणना के रपट[2] के अनुसार, उड़ी के कुल जनसंख्या 4,00,900 रहल जेह में 53% पुरुष आ 47% महिला आबादी रहल। इस्लाम सभसे ब्यापक धर्म बाटे आ 95% लोग मुसलमान बा; बाकी में हिंदू, सिख आ ईसाई लोग बाटे। उड़ी के औसत साक्षरता दर 85% बा जे भारत के राष्ट्रिय औसत 76% से ढेर बाटे। पुरुष साक्षरता 90% आ महिला साक्षरता 76% बा। जनसंख्या के 40% हिस्सा 6 बरिस से कम उमिर के बाटे।

2016 उड़ी आतंकबादी हमला संपादन करीं

18 सितंबर 2018 के, चार गो हमलावर, भारतीय सेना के एक ठो कैम्प पर हमला करि दिहलें। एह में 17 गो जवानन के मौत भइल आ 19 घाही भइलेन।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Distance From Srinagar To Uri Baramulla, Distances Between Srinagar To Uri Baramulla, Calculate Uri Baramulla Distance From Srinagar By Road, Travel Time Driving Direction Calculator From Srinagar To Uri Baramulla". Distance.co.in. Retrieved 2016-09-19.
  2. "Census of India 2001: Data from the 2001 Census, including cities, villages and towns (Provisional)". Census Commission of India. Archived from the original on 2004-06-16. Retrieved 2008-11-01.