थलभीतरी बेसिन

बंद जलबहाव वाला इलाका जहाँ से पानी के कौनों दुसरे बाहरी नदी भा समुंदर में निकास बहाव न होखे
(एंडोरेइक झील से अनुप्रेषित)

एंडोरेइक बेसिन चाहे थलभीतरी बेसिन (शब्दउत्पत्ती:प्राचीन ग्रीक: ἔνδον, एंडॉन, "अंदर" आ ῥεῖν, रे'इन, "बहाव"; अंग्रेजी उच्चारण: ऎंडोरी'इक बेसिन) एगो अइसन बंद बहाव थाला होला जवना में नद्दी-नाला सभ आके एगो अइसन जगह पर पानी छोड़े लें जहाँ से बाहर की ओर दुसरा नद्दी या समुन्दर में कौनों अउरी निकास-बहाव ना होला। समुन्द्र में बहाव वाला बेसिन के बिपरीत इनहन के पानी या के निकास बहाव के रूप में ना होला बलुक पानी या त भाप बन के उड़ जाला या फिन जमीन के अंदर सरवत के चल जाला।[1]

एंडोरेइक तारिम बेसिन के नासा द्वारा लिहल एगो फोटो।
धीरे-धीरे सूखत जा रहल अरल सागर, 1989 (बाएँ) आ 2014 (दहिने) के तस्वीर के तुलना।

नाँव उत्पत्ती संपादन करीं

अंग्रेजी के शब्द हवे Endorheic basin जेकर उच्चारण होला /ˌɛndˈr.ɪk/; ऎंडोरी'इक बेसिन; आ एकरा के endoreic basin भा endorreic basin के रूप में भी अंग्रेजी में लिखल जाला। देवनागरी लिखाई में लिखत घरी कई लोग एकरा के गलती से एंडोरहिक बेसिन लिखे आ ओही अनुसार पढ़े ला।

अंग्रेजी के शब्द ऎंडोरी'इक के उत्पत्ती प्राचीन ग्रीक: ἔνδον, एंडॉन, "अंदर" आ चाहे भीतर, आ ῥεῖν, री'इन, "बहाव" के मिले से भइल हवे।

हिंदी में एकरा के कभी बंद जलसम्भर चाहे समावृत जलसम्भर कह दिहल जाला; हालाँकि, जलसंभर के प्रयोग एक़ुइफ़र भा एक्विफर खाती होला जे जमीन के भीतर नीचे वाला पानी के छेत्र खाती इस्तेमाल होखे ला।

इहो देखल जाय संपादन करीं


संदर्भ संपादन करीं

  1. "Drainage systems" [ड्रेनेज सिस्टम्स]. एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका. Retrieved 21 मई 2016.