गोलगोथा चाहे कैलवेरी येरुशलम में ऊ अस्थान हवे जहाँ ईसाई कथा सभ (गौसेपल) के मुताबिक़ ईसा मसीह के सूली चढ़ावल गइल रहे।[1][2] बतावल जाला कि ओह समय के येरुशलम के देवाल के बहरें एगो ऊँच टेकरी पर यीशु के सूली दिहल गइल। एह अस्थान के वर्तमान पहिचान 'द चर्च आफ़ द होली सेपल्कर' के भीतर चिन्हित जगह के रूप में कइल जाला। ईसाई लोग खातिर ई पबित्र अस्थान हवे आ बहुत सारा लोग इहाँ जातरा करे ला आ एह चर्च में आ के प्रार्थाना करे ला आ माफ़ी माँगे ला।

गोलगोथा के परंपरागत चिन्हित जगह; 'द चर्च आफ़ द होली सेपल्कर' के भीतर।

कुछ बिद्वान लोग एह अस्थान के पहिचान परंपरागत रूप से मानल जाए वाली जगह आ चर्च से अलग हट के भी बतावे ला।[3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "यरूशलम क्यों है दुनिया का सबसे विवादित स्थल?". www.bbc.com. Retrieved 20 अप्रैल 2019.
  2. Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Calvary" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में) (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस.
  3. Taylor, Joan (Spring 2002). "Golgotha: A Reconsideration of the Evidence". Bible and Spade. Associates for Biblical Research. Retrieved 27 July 2018.