श्री आद्य कात्यायनी मंदिर, जेकरा के छतरपुर मंदिर के नाँव से परसिद्धी बा, भारत के राजधानी दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर बा। मंदिर के मुख्य देवी कात्यायनी हई। नवरातर में इहाँ भारी संख्या में श्रद्धालू लोग आवे ला।

श्री आद्य कात्यायनी मंदिर
मंदिर के परिसर में दखिन भारतीय शैली के भवन
मंदिर के परिसर में दखिन भारतीय शैली के भवन
छतरपुर मंदिर is located in Delhi
छतरपुर मंदिर
दिल्ली में लोकेशन
भूगोल
भूगोलीय स्थिति 28°30′7″N 77°10′46″E / 28.50194°N 77.17944°E / 28.50194; 77.17944निर्देशांक: 28°30′7″N 77°10′46″E / 28.50194°N 77.17944°E / 28.50194; 77.17944
देश भारत
लोकेशन महरौली, दिल्ली
भवन शैली
शैली हिंदू मंदिर शैली
इतिहास आ प्रशासन
रचनाकार बाबा संत नागपाल

दक्खिनी दिल्ली में मौजूद ई मंदिर क़ुतुब मीनार से लगभग चार किलोमीटर के दूरी पर बा। मंदिर के बिल्डिंग सफ़ेद संगमरमर के बनल बा आ दक्खिन भारतीय शैली में हवे। मंदिर के निर्माण संत नागपाल द्वारा 1974 में करावल गइल। मंदिर परिसर के बिस्तार के हिसाब से ई भारत आ दुनिया के कुछ सभसे बिसाल हिंदू मंदिर सभ में से एक बा।