आतंकवाद

राजनीतिक, आर्थिक भा धार्मिक मकसद पूरा करे खाती हिंसा
(टेररिज्म से अनुप्रेषित)

आतंकवाद राजनीतिक भा आर्थिक मकसद खातिर जानबूझ के हिंसा आ डर के इस्तेमाल हवे। शांति के समय में जब जुद्ध ना हो रहल होखे, देसन के खिलाफ (नागरिक लोगन के चाहे न्यूट्रल मलेटरी फ़ोर्स के टारगेट क के) कइल हिंसात्मक गतिबिधि आतंकवाद हवे। एकरा के अंग्रेजी में टेररिज्म कहल जाला। टेररिस्ट आ टेररिज्म शब्द मूल रूप से अठारहवीं सदी में फ्रांसीसी क्रांति के समय में इस्तेमाल में आइल बाकी ब्यापक रूप से एकर इस्तेमाल आयरलैंड समस्या के दौरान, बास्की संघर्ष के दौरान आ इजराइल-फिलिस्तीन संघर्ष के दौरान भइल। अस्सी के दशक में सुसाइड अटैक में बढ़त देखल गइल आ एकर टिपिकल उदाहरण अमेरिका में इगारह सितंबर के हमला में देखल गइल।

आतंकवाद के परिभाषा पर सभ एकमत ना बाटे आ एकरा के कई तरीका से परिभाषित कइल जाला।