डॉयचे वेले (छो: डीडब्ल्यू या डी॰डब्ल्यू॰) जर्मन अन्तराष्ट्रीय प्रसारणकर्ता हवे।

डीडब्ल्यू
Typeअंतर्राष्ट्रीय सार्वजनिक प्रसारणकर्ता
Countryजर्मनी
Founded3 मई 1953
Headquartersबर्लिन/बॉन, जर्मनी
Broadcast area
राष्ट्रीय आ अन्तराष्ट्रीय
Ownerऐ॰आर॰डी॰
Launch date
3 मई 1953
Affiliationवर्ल्ड रेडियो नेटवर्क
Official website
www.dw.de

एकर रेडियो आ टीवी दूनो सेवा बाटे। डीडब्ल्यू रेडियो लघु तरंग, इंटरनेट और उपग्रह रेडियो पर 30 भाषवन में प्रसारण करत बाटे। जर्मन भाषा की नाँव "डॉयचे वेले" क अर्थ जर्मन तरंग होला आ एहू क सर्विस ठीक ओइसने बाटे जइसन अउरी अन्तराष्ट्रीय प्रसारणकर्ता कुल बीबीसी वर्ल्ड सर्विस, फ़्रांस 24, वॉयस ऑफ़ अमेरिका, रेडियो कैनेडा इंटरनेशनल, रेडियो फ्री यूरोप आ रेडियो फ़्रांस इंटरनेशनल आदि क बाटे।

1953 से डॉयचे वेले रेगुलर रूप से प्रसारण कइ रहल बाटे। सन् 2003 ले एकर मुख्यालय कोलोन शहर में रहे आ एकरी बाद एके बॉन शहर में स्थानांतरित कर दिहल गइल। टेलिविज़न प्रसारण अब्बो राजधानी बर्लिन से होला।

डॉयचे वेले क वेबसाइट बर्लिन आ बॉन दूनों शहरन से चलावल जाला। 6 फरवरी 2012 के ई सेवा अपनी कई गो ब्रांड में कई ठे महत्वपूर्ण बदलाव कइलस ।[1]

भारतीय चैनल दूरदर्शन की संघे एकर समझौता से एगो प्रोग्राम मंथन देखावल जात बा जवन दूरदर्शन आ डायचे विले दूनों पर आवेला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. गुर्तज़, बिर्गिट (5 फरवरी 2012). "DW introduces new website and TV program" (अंग्रेजी में). डॉयचे वेले. Retrieved 24 सितंबर 2013.

बाहरी कड़ी संपादन करीं