डेल्टा चाहे नदी डेल्टा (अंग्रेजी: river delta) एगो नदी निर्मित थलरूप हवे। नदी जब समुंद्र में मिले ले आ अपना मुहाना पर बालू-माटी आ गाद जमा क के समुंद्र में त्रिभुज के आकार के हिस्सा बनावे ले, नदी दुआरा पाट-पाट के समुन्द्र के भीतर बढ़ गइल अइसन हिस्सा डेल्टा कहाला। ई एगो अइसन थलरूप हवे जेकर आकृति टिपिकल त्रिभुज, मने कि, यूनानी भाषा के अच्छर डेल्टा (Δ) नियर होले आ नील नदी के डेल्टा के देख के एकर नाँव डेल्टा रखल गइल हवे।

उपग्रह से खींचल चित्र में समुंद्र के किनारा आ कई गो जलधारा समुंद्र में गिरत देखात बा।
गंगा नदी के डेल्टा, ई भारतबांग्लादेश में बिस्तार लिहले बा आ दुनियाँ के सभसे बड़ डेल्टा हवे।
नील नदी के डेल्टा के सैटेलाइट इमेज
नासा द्वारा लिहल नील डेल्टा के सैटेलाइट फोटो (लैंडसेट डेटा, फाल्स कलर)

इहो देखल जाय संपादन करीं