नील डेल्टा

उत्तरी मिस्र में नील नदी के डेल्टा जहाँ ई भूमध्य सागर में गिरे ले

निर्देशांक: 30°54′N 31°7′E / 30.900°N 31.117°E / 30.900; 31.117

नील नदी के डेल्टा चाहे नील डेल्टा (अंगरेजी: Nile Delta) अफिरका महादीप के मिस्र देस के उत्तरी आ निचला हिस्सा में नील नदी द्वारा बनावल डेल्टा हवे जहाँ ई नदी कइयन ठे धारा सब में छितरा जाले आ भूमध्य सागर में गिरे ले।[1] ई दुनियाँ के कुछ सबसे बड़हन डेल्टा में गिनल जाला जेकर बिस्तार पच्छिम में सिकंदरिया (अलेक्जेंड्रिया) से ले के पूरुब में स्वेज नहर के उत्तरी मुहाना पर मौजूद पोर्ट सईद ले बाटे।

नील नदी के डेल्टा के सैटेलाइट इमेज
नासा द्वारा लिहल नील नदी डेल्टा के सैटेलाइट फोटो (लैंडसेट डेटा, फाल्स कलर)

एह तरीका से एकर पूरुब-पच्छिम के बिस्तार, भूमध्य सागर के किनारा के रूप में 240 किमी (150 मील) बा[2] आ एकर उत्तर-दक्खिन के लंबाई करीबन 160 किमी (99 मील) बाटे ई क्षेत्र खेती के मामिला में बहुत धनी इलाका हवे। ई लगभग तिकोना आकृति के हवे आ एही के नाँव पर नदी के मुहाना पर बने वाला थलरूप डेल्टा के नाँवे रखल गइल हवे। एह डेल्टाई इलाका के सुरुआत मिस्र के परसिद्ध शहर काहिरा से कुछ नीचे (उत्तर) के बाद होखे ला।[3]

इहो देखल जायसंपादन

बाहरी कड़ीसंपादन

  • "Nile Delta flooded savanna". Terrestrial Ecoregions. World Wildlife Fund.
  • Adaptationlearning.net: UN project for managing sea level rise risks in the Nile Delta (अंगरेजी में)

संदर्भसंपादन

  1. Dumont, Henri J. (2009-05-06). The Nile: Origin, Environments, Limnology and Human Use (in English). Springer Science & Business Media. p. 88. ISBN 978-1-4020-9726-3.
  2. Negm, Abdelazim M. (2017-05-25). The Nile Delta (in English). Springer. p. 36. ISBN 978-3-319-56124-0.
  3. Zeidan, Bakenaz. (2006). The Nile Delta in a global vision. Sharm El-Sheikh.