एगो इस्टाइल भा खास किसिम के रूप में, पकवान, व्यंजन, पकवान-शैली, भा पाकशैली (अंग्रेजी: cuisine), खाना बनावे के अइसन इस्टाइल होला जेह में बिसेस सामग्री, बिधी, टेकनीक आ पकवान (डिश) सभ के बिसेसता होला आ आमतौर पर ई कौनों बिसेस संस्कृति भा भौगोलिक इलाका से जुड़ल होला। क्षेत्रीय भोजन बनावे के टेकनीक, रीति-रिवाज, आ सामग्री सभ के मिल के कौनों इलाका खातिर बिसेस पकवान-शैली सभ के सक्षम बनावे ला।