पर्सी बिश शेली (Percy Bysshe Shelley; /ˈpɜːrsi ˈbɪʃ ˈʃɛli/;[2] 4 अगस्त 1792 – 8 जुलाई 1822) अंगरेज कवि रहलें। अंग्रेजी साहित्य में रोमांटिक कबिता लिखे वाला कवी लोग में ई प्रमुख कवी गिनल जालें। एकरे अलावा इनके अंग्रेजी के कुछ सभसे बेहतरीन गीत लिखे वाला कवी (लिरिक पोएट) सभ में से एक मानल जाला आ सभसे परभावशाली कबी के रूप में भी चिन्हित कइल जाला। अपना कबिता मेभी आ राजनीतिक जिनगी आ सामाजिक सोच में अराजकतावादी, शेली के उनुके जिनगी में बहुत परसिद्धी ना मिलल, बाकिर इनके निधन के बाद से इनके कबिता के महत्व धीरे-धीरे लगातार बढ़त गइल।

पर्सी बिश शेली
शेली के पोर्ट्रेट, अल्फ्रेड क्लिंट द्वारा (1829)
शेली के पोर्ट्रेट, अल्फ्रेड क्लिंट द्वारा (1829)
जनम(1792-08-04)4 अगस्त 1792
होरशाम, ससेक्स, इंग्लैंड[1]
निधन8 जुलाई 1822(1822-07-08) (उमिर 29)
ला स्पेजिया के खाड़ी, सारडीनिया राज (अब इटली में)
पेशाकवी, नाटककार, निबंधकार, उपन्यासकार
महतारी संस्थायुनिवर्सिटी कॉलेज, ऑक्सफोर्ड (कवनो डिग्री ना)
साहित्यिक आंदोलनरोमांटिसिस्म
जीवनसाथी
हैरिएट वेस्टब्रुक
(बि. 1811; नि. 1816)

मैरी शेली
(बि. 1816)
दसखत

संदर्भ संपादन करीं

  1. The Life of Percy Bysshe Shelley, Thomas Medwin (London, 1847), p. 323
  2. Bysshe के उच्चारण लिखले में bish के नियर होखे ला।

बाहरी कड़ी संपादन करीं