पाइथन

जनरल-परपज प्रोग्रामिंग भाषा

पाइथन चाहे पायथन (Python) एगो इंटरप्रेटेड, हाइ-लेवल, जनरल-पर्पज प्रोग्रामिंग भाषा बा। एकरा के गुइडो वान रोसम द्वारा बनावल गइल आ ई पहिली बेर 1991 में रिलीज भइल। पाइथन के डिजाइन के पाछे फिलासफी रहे कोड के पढ़लजोग बढ़ियाँ बनावे के, कोडरीडेबिलिटी नीक राखे के जेकरा खातिर एह में खाली जगह, मने कि वाइटस्पेस के ऑफ-साइड नियम द्वारा सिग्निफिकेंट बनावल गइल। भाषा के रचना सिस्टम (कंस्ट्रक्ट) आ ऑब्जेक्ट-ओरिएंटेड एप्रोच के मकसद आ टार्गेट ई हवे कि प्रोग्रामर लोग छोट चाहे बड़, कौनों पैमाना के प्रोजेक्ट खातिर साफसुथरा आ लॉजिकल कोड लिखे में मदद पावे।

पाइथन
पैराडाइममल्टी-पैराडाइम: फंक्शनल, इम्परेटिव, ऑब्जेक्ट-ओरिएंटेड, स्ट्रक्चर्ड, रिफ्लेक्टिव
डिजाइनGuido van Rossum
डेवलपरपाइथन सॉफ्टवेयर फाउंडेशन
पहिला आगमन1990; 34 years ago (1990)
स्टेबल रिलीज
3.8.2 / 24 फरवरी 2020; 4 साल पहिले (2020-02-24)[1]
प्रीव्यू रिलीज
3.9.0a5 / 23 मार्च 2020; 4 साल पहिले (2020-03-23)[2] and 2.7.18rc1[3][4]
टाइपिंगडक टाइपिंग, डाइनामिक, ग्रैडुअल (3.5 से)[5]
लाइसेंसपाइथन सॉफ्टवेयर फाउंडेशन लाइसेंस
फाइल एक्स्टेंशन.py, .pyi, .pyc, .pyd, .pyo (prior to 3.5),[6] .pyw, .pyz (since 3.5)[7]
वेबसाइटwww.python.org
लागू होखे के मुख्य जगह
सीपाइथन, पाइपाइ, स्टैकलेस पाइथन, माइक्रोपाइथन, सर्किटपाइथन, आइरनपाइथन, जाइथन, रस्टपाइथन
डाइलेक्ट
साइथन, आरपाइथन, स्टारलार्क[8]
परभाव लिहलस
एबीसी, एडा[9], अल्गोल 68, एपीएल,[10] सी, सी++, सीएलयू, डिलन, हैस्केल, आइकन, जावा, लिस्प, मोड्युला-3, पर्ल, स्टैंडर्ड एमएल[10]
परभावित कइलस
अपाचे ग्रूवी, बू, कोबरा, कॉफ़ीस्क्रिप्ट,[11] डी, एफ#, जेनी,[12] गो, जावास्क्रिप्ट,[13][14] जूलिया, निम, रिंग,[15] रूबी, स्विफ्ट[16]

पाइथन एगो डाइनामिक टाइप होखे वाली आ गार्बेज-कलेक्शन वाली भाषा हवे। ई कई ठे प्रोग्रामिंग पैराडाइम सपोर्ट करे ले जिनहन में स्ट्रक्चर्ड, ऑब्जेक्ट-ओरिएंटेड आ फंक्शनल प्रोग्रामिंग सामिल बाटे। पाइथन के अक्सरहा "बैटरी इनक्लूडेड" (मने जे में बैटरी सामिल होखे) भाषा कहल जाला काहें से कि एह में बहुत मजिगर स्टैंडर्ड लाइब्रेरी मौजूद बाटे।

पाइथन के बिचार 1980 के दशक में एबीसी भाषा के अगिला पीढ़ी के रूप में सोच में आइल। पाइथन 2.0 जे 2000 में रिलीज भइल, लिस्ट कंप्रीहेंसन आ गार्बेज कलेक्शन नियर फीचर ले के आइल जे रिफरेंस साइकिल के कलेक्शन करे में सक्षम रहल। 2008 में पाइथन 3.0 रिलीज भइल जे बहुत ब्यापक बदलाव के बाद आइल आ पुरनका रिलीज से कंपैटिबल ना रहे जेकरा चलते पाइथन 2 के लिखल कोड बिना सुधार के एह पर ना चल सके वाल हो गइलें।

पाइथन 2 भाषा, जइसे कि 2.7.x के 1 जनवरी 2020 (पहिले 2015 में करे के योजना रहल) से इस्तेमाल भंग क दिहल गइल आ अब एकरा खातिर सिक्योरिटी अपडेट आ अउरी कुल सुधार सभ ना रिलीज होखिहें।[17][18] अब पाइथन 2 के अंत के बाद पाइथन 3.5.x[19] आ एकरे बाद के रिलीज चलिहें।

पाइथन भाषा के इंटरप्रेटर सभ कई ऑपरेटिंग सिस्टम सभ खातिर उपलब्ध बाड़ें। प्रोग्रामर लोगन के बैस्विक लेवल के कम्युनिटी एगो खुला-सोर्स वाली रिफरेंस इम्प्लीमेंटेशन सीपाइथन[20] डेवलप करे आ लागू करे के काम करत बाटे। एगो बिना-लाभखोजी संस्था पाइथन सॉफ्टवेयर फाउंडेशन पाइथन आ सीपाइथन के बिकास के मैनेज क रहल बा आ एकरा खाती संसाधन उपलब्ध करा रहल बाटे।

पायथन सीखल अन्य उच्च स्तर के, ऑब्जेक्ट-ओरिएंटेड प्रोग्रामिंग भाषा जइसे कि जावा भा सी++ के तुलना में आसान बा लेकिन एकरा में कुछ एडवांस कॉन्सेप्ट बा जवन कोड विकसित करे के समय काम आवेला जवन मजबूत, कुरकुरा, बहुत अनुकूलित, कुशल, आ... सामान्य हो गइल. अपना कोड में एह अवधारणा सभ के इस्तेमाल से रउआँ अपना कोड में बग के कम करे के साथे-साथ एकर दक्षता बढ़ावे में सक्षम होखब जेवना से रउआँ एगो अनुभवी पायथन प्रोग्रामर बना सकेनी।[1][21]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Python Release Python 3.8.2". Python.org.
  2. "Python Release Python 3.9.0a5". Python.org.
  3. Benjamin (6 अप्रैल 2020). "Python Insider: Python 2.7.18 release candidate 1 available". Python Insider. Retrieved 14 अप्रैल 2020. Python 2.7.18 will be the last release of the Python 2.7 series, and thus Python 2.
  4. "Petition: abandon plans to ship a 2.7.18 in April". Discussions on Python.org (अमेरिकी अंग्रेजी में). 3 जनवरी 2020. Retrieved 14 अप्रैल 2020. Any changes that might have been made since 2.7.17 shipped haven't yet been released, but as a final service to the community, python-dev will bundle those fixes (and only those fixes) and release a 2.7.18. We plan on doing that in April
  5. "PEP 483 -- The Theory of Type Hints". Python.org.
  6. File extension .pyo was removed in Python 3.5. See PEP 0488
  7. Holth, Moore (30 मार्च 2014). "PEP 0441 -- Improving Python ZIP Application Support". Retrieved 12 नवंबर 2015. {{cite web}}: Check date values in: |date= (help); no-break space character in |date= at position 9 (help)
  8. "Starlark Language". Retrieved 25 मई 2019.
  9. "Ada 83 Reference Manual (raise statement)".
  10. 10.0 10.1 "itertools — Functions creating iterators for efficient looping — Python 3.7.1 documentation". docs.python.org.
  11. "CoffeeScript". coffeescript.org.
  12. "The Genie Programming Language Tutorial". Retrieved 28 फरवरी 2020.
  13. "Perl and Python influences in JavaScript". www.2ality.com. 24 फरवरी 2013. Retrieved 15 मई 2015.
  14. Rauschmayer, Axel. "Chapter 3: The Nature of JavaScript; Influences". O'Reilly, Speaking JavaScript. Archived from the original on 2018-12-26. Retrieved 15 मई 2015.
  15. Ring Team (4 दिसंबर 2017). "Ring and other languages". ring-lang.net. ring-lang. Archived from the original on 2018-12-25. Retrieved 2020-04-20.
  16. Lattner, Chris (3 जून 2014). "Chris Lattner's Homepage". Chris Lattner. Retrieved 3 जून 2014. The Swift language is the product of tireless effort from a team of language experts, documentation gurus, compiler optimization ninjas, and an incredibly important internal dogfooding group who provided feedback to help refine and battle-test ideas. Of course, it also greatly benefited from the experiences hard-won by many other languages in the field, drawing ideas from Objective-C, Rust, Haskell, Ruby, Python, C#, CLU, and far too many others to list.
  17. "Sunsetting Python 2". Python.org (अंग्रेजी में). Retrieved 22 सितंबर 2019.
  18. "PEP 373 -- Python 2.7 Release Schedule". Python.org (अंग्रेजी में). Retrieved 22 सितंबर 2019.
  19. "Python Developer's Guide — Python Developer's Guide". devguide.python.org. Retrieved 17 दिसंबर 2019.
  20. "History and License". Retrieved 5 दिसंबर 2016. "All Python releases are Open Source"
  21. Tom, Andreson (09-Apr-23). "Top 10 Advance Python Concepts That You Must Know". skymagzines. Retrieved 09-Apr-23. {{cite web}}: Check date values in: |access-date=, |date=, and |archive-date= (help)CS1 maint: url-status (link)

आगे पढ़े खातिर संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं