प्राणहिता नदी

दक्खिन भारत में एगो नदी, गोदावरी के प्रमुख सहायिका

प्राणहिता नदी दक्खिन भारत के एगो प्रमुख नदी हवे आ गोदावरी नदी के सभसे प्रमुख सहायिका नदी हवे। एह नदी के थाला पूरा गोदावरी नदी थाला के लगभग 34 % हिस्सा कभर करे ला।[4][5] नदी थाला महाराष्ट्रतेलंगाना राज्यन में बिस्तार लिहले बा आ रकबा में ई 109,078 वर्ग किलोमीटर के बाटे। एह तरीका से ई थाला के बिस्तार के मामिला में भारत के सातवीं सभसे बड़ नदी हवे[6]नर्मदाकावेरी नियर प्रमुख नदिन के तुलना में एकर थाला बड़ साबित होखे ला।

प्राणहिता नदी
लोकेशन
देसभारत
राज्यमहाराष्ट्र, तेलंगाना
जिलागढ़चिरौली जिला, आदिलाबाद जिला
शहरसिरपुर
भौतिक लच्छन सभ
Sourceवर्धा आ वेनगंगा के संगम
 - locationकोटाला,[1] महाराष्ट्र, भारत
 - coordinates19°35′24″N 79°47′59″E / 19.59000°N 79.79972°E / 19.59000; 79.79972
 - elevation146 मी (479 फीट)
मुहानागोदावरी नदी
 - location
कालेश्वरम, तेलंगाना
 - coordinates
18°49′30″N 79°54′36″E / 18.82500°N 79.91000°E / 18.82500; 79.91000निर्देशांक: 18°49′30″N 79°54′36″E / 18.82500°N 79.91000°E / 18.82500; 79.91000
 - elevation
107 मी (351 फीट)
लंबाई113 किमी (70 मील)
थाला के साइज109,078 किमी2 (1.17411×1012 वर्ग फु)
थाला लच्छन
सहायिका 
 - leftदीना नदी[2]
 - rightनागुल्वागु नदी, पेद्दावागु नदी[3]

नदी के सुरुआत वर्धा नदीवेनगंगा नदी के संगम के बाद से होखे ला आ बस 113 किलोमीटर के लंबाई के ई नदी महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला आ तेलंगाना के आदिलाबाद जिला के सीमा के सहारे बहे के बाद कालेश्वरम में गोदावरी नदी में मिल जाले।

उत्पत्ती संपादन करीं

पुलगांव में वर्धा नदी
भंडार शहर में वेनगंगा नदी

प्राणहिता नदी के सुरुआत दू गो बड़हन नदी सभ के मिले के बाद होला: वर्धा (थाला रकबा: 46,237 किमी2) आ वैनगंगा (थाला रकबा: 49,677 किमी2)। ई संगम महाराष्ट्र आ तेलंगाना राज्यन के बाडर पर होला। संगम के बाद नदी के चौड़ाई मजिगर बढ़ जाले। प्राणहिता नदी के बहाव में पानी के मात्रा में सीजनल उतार-चढ़ाव बहुत बेसी होखे ला।[7]

बहाव के मारग संपादन करीं

प्राणहिता नदी के कुल बहाव मारग 113 किलोमीटर के बा, ई महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला आ तेलंगाना के आदिलाबाद जिला के सीमा के सहारे बहे ले। बहाव के दिसा उत्तर से दक्खिन के बा जइसन कि दक्खिन भारत के बहुत कम नदिन में पावल जाला। एकरा रास्ता में घन जंगल आ घाट पड़ें लें आ ई इलाका बायोडाइवर्सिटी के मामिला में बहुत समृद्ध हवे। एह छोट रास्ता के तय करे के बाद ई नदी कालेश्वरम के लगे गोदावरी नदी में जा मिले ले।

बंधा संपादन करीं

 
कालेश्वरम मंदिर

प्राणहिता नदी पर तेलंगाना में कालेश्वरम के ऊपर वाला इलाका में एगो सिंचनी प्रोजेक्ट खातिर बनल बान्ह बाटे जेकरा के कालेश्वरम लिफ्ट सिंचनी प्रोजेक्ट कहल जाला,[8] ई वर्तमान में दुनियाँ के सभसे बड़हन मल्टी-स्टेज लिफ्ट सिंचनी प्रोजेक्ट (multi-stage lift irrigation project) बाटे।[9]

इस्तेमाल संपादन करीं

नदी के इस्तेमाल सिरोंचाकालेश्वरम के बीचा में जल परिवहन खातिर होखे ला। एकरे अलावा एकर धार्मिक महत्व भी बा आ ई हिंदू परंपरा के "पुष्करम्" सभ वाली 12 गो नदी में सामिल नदी हवे। एह नदी के पुष्करम् मीन राशि के पुष्करम् होला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Villagers near Pranahita project the least informed". Thehindu.com. Retrieved 20 अगस्त 2017.
  2. "District Gadchiroli - Rivers & Dams". Gadchiroli.gov.in. Archived from the original on 20 August 2017. Retrieved 20 August 2017.
  3. "Welcome To Adiabad WebSite". Archived from the original on 2015-10-22. Retrieved 2015-10-12.
  4. "Integrated Hydrological Databook (Non-Classified River Basins)" (PDF). Central Water Commission. March 2012. Archived from the original (PDF) on 4 March 2016. Retrieved 2015-10-12.
  5. Singh, Dhruv Sen (30 दिसंबर 2017). The Indian Rivers: Scientific and Socio-economic Aspects (अंग्रेजी में). Springer. p. 321. ISBN 978-981-10-2984-4. Retrieved 29 जनवरी 2022.
  6. "Basins". Archived from the original on 2015-09-23. Retrieved 2015-10-12.
  7. Understdng Geog Maps Entries (अंग्रेजी में). Tata McGraw-Hill Education. ISBN 978-0-07-009099-6.
  8. "Why is Telangana's Kaleshwaram Lift Irrigation Project important?". The Hindu (भारतीय अंग्रेजी में). 2017-07-01. ISSN 0971-751X. Retrieved 2018-04-20.
  9. "Kaleshwaram project: World's largest multi-stage lift irrigation project inaugurated in Telangana" (भारतीय अंग्रेजी में). Retrieved 2019-06-22.