फ्रेंच पोलिनेशिया चाहे फ़्रेंच पॉलिनेशिया (अंगरेजी: French Polynesia) दक्खिनी प्रशांत महासगर में फ्रांस के अधिकार क्षेत्र बाटे जेह में 118 गो भूगोलीय रूप से छितराइल दीप बाड़ें। राजनीतिक रूप से ई फ्रांस देस के कलेक्टिविटी कहालें आ ई फ्रांस के एकलौता ओभरसीज कंट्री हवे। एक दीप सभ लगभग 2 हजार किलोमीटर के इलाका में बिस्तार लिहले छिटपुट फइलल बाड़ें आ इनहन के कुल एरिया 4,167 वर्ग किमी बाटे।