वीर बहादुर सिंह (18 जनवरी 1935 - 30 मई 1989) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ लेखक रहलें। उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में जनमल सिंह कांग्रेस पार्टी के नेता रहलें, एह राज्य के मुख्यमंत्री बनलें आ ओकरे बाद राजीव गाँधी के केंद्रीय मंत्रिमंडल में संचार मंत्री भी रहलें। मुख्यमंत्री के रूप में इनके कार्यकाल 24 सितंबर 1985 से 25 जून 1988 ले रहल आ एकरे बाद केंद्र सरकार में संचार मंत्री बनलें।

वीर बहादुर सिंह
उत्तर प्रदेश के 14वाँ मुख्यमंत्री
कार्यकाल
24 सितंबर 1985 - 24 जून 1988
इनसे पहिलेनारायण दत्त तिवारी
इनके बादनारायण दत्त तिवारी
निजी जानकारी
जनम18 जनवरी 1935
गोरखपुर, यूनाइटेड प्रोविंस, ब्रिटिश भारत
निधन30 मई 1989 (उमिर 55)
पैरिस, फ्रांस
राजनीतिक पार्टीभारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस

वीर बहादुर सिंह भारतीय आजादी आंदोलन में सक्रिय भूमिका अदा करे वाला आंदोलनकारी रहलें आ 1942 के भारत छोड़ो आंदोलन में हिस्सा लिहले रहलें। इनके लेखन कैरियर में कई गो निबंध संग्रह के रचना सामिल बा। एह लिखाई के मुख्य बिसय भारत के आर्थिक सिस्टम आ इहाँ के श्रम ब्यवस्था रहल।

सिंह के यादगार के रूप में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के नाँव इनके नाँव पर रखल गइल बा, गोरखपुर शहर में खेलकूद कॉलेज के नाँव आ एगो अउरी डिग्री कॉलेज के नाँव इनके नाँव पर रखल गइल बा।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं

रानीतिक पद
पहिले
नारायण दत्त तिवारी
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री
24 सितं 1985 – 25 जून 1988
बाद में
नारायण दत्त तिवारी