बूढ़ी गंडक

बिहार में एगो नदी

बूढ़ी गंडक नदी भारतीय राज्य बिहार में बहे वाली गंगा नदी के सहायिका नदी हवे। ई गंडक नदी के पूरुब ओर एगो पुरान चैनल में बहे ले। एकरा किनारे कस्बा नरकटियागंज, इतिहासी अस्थान लउरिया नंदनगढ़मुजफ्फरपुर नियर शहर बाने।

Burhi Gandak River
देस भारत[1]
राज्य बिहार[1]
प्रदेश/क्षेत्र उत्तर बिहार
शहर नरकटियागंज, मुजफ्फरपुर, खगड़िया
लैंडमार्क लउरिया नंदनगढ़
उदगम चौतरवा चुआर
 - लोकेशन बिशंभरपुर के लगे, पच्छिम चंपारण जिला[1]
मुहाना गंगा
 - लोकेशन खगड़िया
 - निर्देशांक 25°26′02″N 86°36′25″E / 25.43389°N 86.60694°E / 25.43389; 86.60694निर्देशांक: 25°26′02″N 86°36′25″E / 25.43389°N 86.60694°E / 25.43389; 86.60694
लंबाई 320 किमी (199 मील)
थाला 10,150 किमी2 (3,919 वर्ग मील)

रस्ता संपादन करीं

ई नदी बिहार के पच्छिम चंपारण जिला में बिसंभरपुर के लग्गे चौतरवा चुआर से निकसे ले आ आगे जा के पूरबी चंपारन से हो के बहे ले।[2] एकरे बाद ई दक्खिन के मुड़े ले। अपना उदगम से करीबन पचास किलोमीटर बहे के बाद एह में दू गो अउरी नदी आ के मिले लीं। एकरे बाद ई दक्खिन-पूरुब मुँह के बहे ले आ मुजफ्फरपुर जिला में बहे ले। एहिजा ई कई गो चैनल में बंटा जाले आ ई धारा सभ फिर से आपस में जुड़ जालीं। एकरे बाद ई टेढ़-टाढ़ रास्ता से बहत समस्तीपुर आ बेगूसराय जिला से हो के गुजरे ले। खगड़िया जिला में ई खगड़िया कस्बा के बगल से हो के गुजरे ले आ आगे जा के गंगा नदी में मिल जाले।

नदी के कुल लंबाई करीबन 320 किलोमीटर (200 मील) बा आ ई लगभग 10,150 वर्ग किलोमीटर एरिया के पानी बहा के गंगा में पहुँचावे ले।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 1.2 "RIVER BASIN". Flood Management Information System, Water Resource Department, Bihar. Retrieved 2010-05-05. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; name "govt" defined multiple times with different content
  2. Singh, Dhruv Sen; Tiwari, Abhay Kumar; Gautam, Pawan Kumar (2018). "The Burhi Gandak: Mo st Sinuous River". The Indian Rivers: 209–219. doi:10.1007/978-981-10-2984-4_17. {{cite journal}}: |access-date= requires |url= (help)