भारत रत्न

भारत के सभसे बड़ नागरिक सम्मान

भारत रत्न भारत गणतंत्र के सभसे बड़ नागरिक सम्मान बा जे भारत सरकार द्वारा "नृजाति, पेशा, पोजीशन भा लिंग के भेदभाव के" ओह बेकती लोग के दिहल जाला जे लोग बहुत ऊँच क्वालिटी के परफार्मेंस भा सेवा के पर्दर्शन कइले होखें। एह सम्मान के सुरुआत 1954 से भइल आ पहिली बेर ई तीन लोग के दिहल गइल: सी राजगोपालाचारी, सर्वपल्ली राधाकृष्णनसी वी रमन

भारत रत्न
Bharat Ratna.jpg
Awarded by
Emblem of India.svg
भारत सरकार
Countryभारत
TypeNational Civilian
RibbonBharat Ratna Ribbon.svg
Obverseपीपर के पतई नियर आकृति पर सुरुज के चित्र जेकरा नीचे देवनागरी में "भारत रत्न" लिखल होला
Reverseभारत के राजचीन्हा आ "सत्यमेव जयते"
Statistics
Established1954
First awarded1954
Last awarded2015
Total awarded45
Precedence
Next (lower)IND Padma Vibhushan BAR.png पद्म विभूषण

अबतक ले ई सम्मान कुल 45 लोगन के दिहल जा चुकल बा जेह में 12 लोग के ई मउअति के बाद दिहल गइल बा। सम्मान देवे के अनुशंसा भारत के परधानमंत्री द्वारा राष्ट्रपति के भेजल जाले आ एक साल में तीन लोग एकरा खाती नामांकित कइल जा सकत बा। पछिला बेर ई साल 2015 में पंडित मदन मोहन मालवीय आ अटल बिहारी बाजपेई के दिहल गइल।

एह सम्मान में एगो मेडल दिहल जाला जे पीपर के पतई के आकृति के होला आ राष्टपति के दसखत कइल एगो सनद दिहल जाले। एह में कवनों किसिम के धन ना दिहल जाला।

संदर्भसंपादन