भूलेख

जमीन रेकार्ड आ जमीन रेकार्ड हासिल करे खातिर पोर्टल

भूलेख (अंग्रेजी: Land records) जमीन के मलिकाई के हक संबंधी दस्तावेज होखे लें। अधिकतर जगहन पर जमीन के रेकार्ड तक पहुँच बनावे वाला डिजिटल पोर्टल सभ के भूलेख नाँव दिहल गइल बाटे।[1] मुख्य रूप से ई गाँव के खसराखतौनी सभ के ऑनलाइन देखे आ आपन रेकार्ड डाउनलोड करे के कामे आवे लें। एह पोर्टल सभ के सुबिधा के बा लोगन के अब अपना जमीन के रेकार्ड देखे, हासिल करे खाती लेखपाल के लगे ना जाए के पड़े ला आ लोग कौनों जन सेवा केंद्र से ई रेकार्ड डाउनलोड क सके ला।

भूलेख शब्द दू गो शब्दन के जोड़ हवे: 'भू' माने जमीन, आ 'लेख' माने लिखल दस्तावेज भा रेकार्ड।[2] लेख शब्द 'अभिलेख' के छोट कइल रूप हवे।

बिबरन संपादन करीं

डिजिटल होखे से पहिले, जमीन के दस्तावेज मैनुअल तरीका से रखल जायँ। इनहन के हासिल करे खातिर संबंधित बिभाग में अर्जी देवे के पड़े आ ई समय लेवे वाला काम रहल। भारत सरकार द्वारा 2008 में नेशनल लैंड रेकार्ड्स मॉडर्नाइजेशन प्रोग्राम (NLRMP) शुरू कइल गइल जेकर मकसद जमीन के रेकार्ड सभ के डिजिटल बनावल आ उनहन के आधुनिकीकरण कइल रहे। बाद में एह प्रोग्राम के डिजिटल इंडिया लैंड रेकार्ड मॉडर्नाइजेशन प्रोग्राम (DILRMP) के नाँव से जानल गइल।[2][3] ज्यादातर राज्यन के जमीन रेकार्ड एही ब्यवस्था के तहत सभका के आसानी से उपलब्ध करावल जा रहल बाने।

उदाहरण खातिर उत्तर प्रदेश में भूलेख के सुरुआत 2 मई 2016 भूलेख पोर्टल के रूप में कइल गइल।[1] एही तरीका से दिल्ली राज्य में एकरा के 'इंद्रप्रस्थ भू-लेख' के नाँव दिहल गइल बाटे।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "भूलेख खतौनी उत्तर प्रदेश 2023 | upbhulekh.gov.in पर जमीन की जानकारी कैसे देखे ?". NIBSM. 26 जनवरी 2023. Retrieved 16 मार्च 2023.
  2. 2.0 2.1 "Bhulekh Odisha ଭୁଲେଖ ଓଡିଶା: Land Records ROR Apply Orissa Bhu Naksha". Nvshq.org. 28 सितंबर 2022. Retrieved 16 मार्च 2023.
  3. Sharma, Shantanu Nandan (28 मई 2022). "Digitizing land records in India: Centre's challenge to alleviate concerns around it and bring states on board". The Economic Times. Retrieved 16 मार्च 2023.

बाहरी कड़ी संपादन करीं