मार्क्सवाद

आर्थिक आ समाजराजनीतिक वल्डव्यू

मार्क्सवाद (अंग्रेजी: Marxism; मार्क्सिज्म) सामाजिक आर्थिक बिस्लेषण के वामपंथी से चरम वामपंथी[1][2][3] तरीका भा बिधि हवे जेह में ऐतिहासिक बिकास के भौतिकवादी व्याख्या के इस्तेमाल कइल जाला, जेकरा के ऐतिहासिक भौतिकवाद के नाँव से जानल जाला, वर्ग संबंध आ सामाजिक संघर्ष के समझे खातिर आ सामाजिक परिवर्तन के देखे खातिर द्वंद्वात्मक परिप्रेक्ष्य के सहारा लिहल जाला। एकर उत्पत्ती 19वीं सदी के जर्मन दार्शनिक कार्ल मार्क्सफ्रेडरिक एंगेल्स के रचना से भइल बा। जइसे-जइसे मार्क्सवाद समय के साथ आगे बढ़ल एकर बिबिध शाखा आ बिचारधारा सभ में बिकास भइल बा, कौनों सिंगल, सुनिश्चित मार्क्सवादी थियरी मौजूद नइखे।[4]

मार्क्सएंगेल्स, मार्क्सवाद के प्रणेता लोग

चिरसंमत (क्लासिकल) मार्क्सवाद के तत्व सभ पर जोर देवे वाला या संशोधित करे वाला बिचारधारा सभ के अलावा, अउरियो बिबिध मार्क्सवादी अवधारणा सभ के सामाजिक सिद्धांत सभ के बिबिध सरणी में सामिल आ अनुकूलित कइल गइल बा जिनहना से बहुत बिबिध निष्कर्ष निकलल बाने।[5] मार्क्स के राजनीतिक अर्थब्यवस्था के आलोचना के साथ-साथ मार्क्सवाद के परिभाषित बिसेसता सभ के वर्णन अक्सर द्वंद्वात्मक भौतिकवाद आ ऐतिहासिक भौतिकवाद शब्दन सहारे कइल जाला, हालाँकि, ई शब्दवे सभ मार्क्स के मउअत के बाद गढ़ल गइल रहलें आ इनहन के सिद्धांत सभ के कुछ खुद के मार्क्सवादी माने वाला लोगन द्वारा चुनौती दिहल गइल बा।[6]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Left-wing / Right-wing". Marxists.org. Retrieved 2022-07-16.
  2. "Radical left". Dictionary.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2022-07-16. Radical left is a term that refers collectively to people who hold left-wing political views that are considered extreme, such as supporting or working to establish communism, Marxism, Maoism, socialism, anarchism, or other forms of anticapitalism. The radical left is sometimes called the far left.
  3. March, Luke (2009). "Contemporary Far Left Parties in Europe: From Marxism to the Mainstream?" (PDF). IPG. 1: 126–143 – via Friedrich Ebert Foundation.
  4. Wolff, Richard; Resnick, Stephen (1987). Economics: Marxian versus Neoclassical. Johns Hopkins University Press. p. 130. ISBN 978-0801834806. The German Marxists extended the theory to groups and issues Marx had barely touched. Marxian analyses of the legal system, of the social role of women, of foreign trade, of international rivalries among capitalist nations, and the role of parliamentary democracy in the transition to socialism drew animated debates ... Marxian theory (singular) gave way to Marxian theories (plural).
  5. O'Hara, Phillip (2003). Encyclopedia of Political Economy, Volume 2. Routledge. p. 107. ISBN 978-0415241878. Marxist political economists differ over their definitions of capitalism, socialism and communism. These differences are so fundamental, the arguments among differently persuaded Marxist political economists have sometimes been as intense as their oppositions to political economies that celebrate capitalism.
  6. "Routledge Handbook of Marxism and Post-Marxism". Routledge & CRC Press (अंग्रेजी में). Retrieved 2023-04-19.

अउरी पढ़े लायक संपादन करीं