राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र (भारत)

राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र (National Capital Region (NCR), एनसीआर) भारत में एगो प्लानिंग इकाई बा जे राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र दिल्ली (एनटीसी) के सेंटर बना के आसपास के अउरी राज्य सभ के इलाका पर बिस्तार लिहले एगो समन्वित (कोऑर्डिनेटेड) बिकास योजना प्रदेश के रूप में अस्थापित कइल गइल बा। एह में दिल्ली (एनटीसी) के अलावा हरियाणा, उत्तर प्रदेशराजस्थान के इलाका सामिल बाड़ें।[1]

राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र
नेशनल कैपिटल रीजन
क्षेत्र
Nickname: 
एनसीआर (NCR)
उपग्रह चित्र में दिल्ली आ आसपास के इलाका
उपग्रह चित्र में दिल्ली आ आसपास के इलाका
Coordinates: 28°40′N 77°13′E / 28.667°N 77.217°E / 28.667; 77.217निर्देशांक: 28°40′N 77°13′E / 28.667°N 77.217°E / 28.667; 77.217
देस भारत
राज्यदिल्ली
हरियाणा
राजस्थान
उत्तर प्रदेश
Government
 • क्षेत्रीय अथारिटीनेशनल कैपिटल रीजन प्लानिंग बोर्ड
Area
 • Total58,332 किमी2 (22,522 बर्ग मील)
Population
 (2011)
 • Total46,069,000
 • Density790/किमी2 (2,000/बर्ग मील)
Websitencrpb.nic.in

एनसीआर आ एकरा से संबंधित नेशनल कैपिटल रीजन प्लानिंग बोर्ड के अस्थापना 1985 भइल।[2] ई एक तरह से देहाती-शहरी आबादी के मिलजुल इलाका बा जहाँ शहरीकरण के लेवल 62.6 प्रतिशत[3] के करीब बाटे आ एह इलाका में आवे वाला प्रमुख शहर सभ में फरीदाबाद, गुड़गाँव (गुरुग्राम), नोएडा, गाजियाबादमेरठ नियर शहर बाड़ें। शहरी इलाका आ देहाती आबादी अउरी खेती वाला जमीन के अलावे एह क्षेत्र में पर्यावरण आ इकोलॉजी के हिसाब से संबेदनशील क्षेत्र, संरक्षित क्षेत्र, बन क्षेत्र, आ अभयारण्य सभ भी सामिल बाड़ें।

एकरे हिस्सा के रूप में, दिल्ली बिस्तारित शहरी संकुल (डेल्ही एक्सटेंडेड अर्बन एग्लोमरेशन) द्वारा 2015-16 में कुल $370 बिलियन मूल्य के उत्पादन कइल जे भारत के कुल उत्पादन (जीडीपी-पीपीपी) के लगभग 4% रहल।[4]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "NCR Constituent Areas". National Capital Region Planning Board.
  2. "The Gazette of India, National Capital Region Planning Board Act of 1985" (PDF). NCR Planning Board. 1985. Retrieved 5 मार्च 2017.
  3. "Census 2011" (PDF). National Capital Region Planning Board. National Informatics Centre. p. 3. Retrieved 26 मार्च 2016.
  4. "With GDP of $370 billion, Delhi-NCR muscles out Mumbai as economic capital of India". दि फाइनांशियल एक्सप्रेस. 29 नवंबर 2016. Retrieved 14 जुलाई 2017.

बाहरी कड़ी संपादन करीं