मुख्य मेनू खोलीं

राष्ट्रीय आय अर्थशास्त्र के कांसेप्ट हवे जेकरे तहत कई किसिम के पैरामीटर आवे लें, जे सब कौनों देस भा इलाका में कुल आर्थिक कामकाज भा उत्पादन (आउटपुट) के माप के रूप में इस्तेमाल होखे लें। सकल घरेलू उत्पाद (जीडीपी), सकल राष्ट्रीय आय (जीएनआइ) नियर अइसन कई गो पैरामीटर बाड़ें जिनहन के इस्तेमाल राष्ट्रीय आय के नापे खाती होखे ला।

राष्ट्रीय आय के माप के तहत सगरी उत्पादन के कीमत मुद्रा (Money) के रूप में नापल जाला। एह प्राचल सब के इस्तेमाल आर्थिक संबृद्धि (इकोनामिक ग्रोथ) के नाप के रूप में भी इस्तेमाल होला।

संदर्भसंपादन