नेशनल पार्क
नेशनल पार्क (अंगरेजी: national park) अइसन प्राकृतिक पार्क होला जे प्रकृति के संरक्षण (कंजर्वेशन) खातिर इस्तेमाल होखे ला आ नेशनल लेवल के सरकारन द्वारा सीमांकित आ सुरक्षित होखे ला। बहुधा ई प्राकृतिक, अर्ध-प्राकृतिक भा डेवलप कइल जमीन के हिस्सा होखे ला जेकरा के कौनों संप्रभु राष्ट्र संरक्षित आ सुरक्षित घोषित करे ला आ एकर मालिक होखे ला। अलग-अलग देसन में इनहन के घोषित करे के तरीका आ कानून अलग हो सके लें बाकी सभका में एगो कॉमन बात रहे ला: "बन वाली प्रकृति" (वाइल्ड नेचर) के बाद के पीढ़ी खातिर संरक्षण (कंजर्वेशन) आ एह काम के राष्ट्रिय गर्व के भावना के साथे कइल जाला।[1]


यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका में पहिला पार्क जे अस्थापित कइल गइल, "पब्लिक पार्क भा मनोबिनोद-के मैदान के रूप में लोगन के लाभ आ एंज्वायमेंट खातिर", ई यलोस्टोन नेशनल पार्क रहे 1872 में।[2] भले यलोस्टोन ऑफिशियल रूप से "नेशनल पार्क" के रूप में क़ानून द्वारा अस्थापित ना कइल गइल रहल, इस्तेमाल में हमेशा एही के पहिला आ सभसे पुरान नेशनल पार्क बतावल जाला।[3] हालांकि, टोबागो मेन रिज फॉरेस्ट रिजर्व (जे अब त्रिनिदाद आ टोबैगो में बा; अस्थापित 1776),[4] आ बोग्द खान उल्ल माउंटेन (मंगोलिया, 1778) पर खेतीबारी पर कानूनी रोक लागू कइल गइल रहे, इनहन के सभसे पुरान सुरक्षित (प्रोटेक्टेड) एरिया मानल जाला।[5][6]
एगो इंटरनेशनल संस्था, अंतर्राष्ट्रीय प्रकृति संरक्षण संघ (आईयूसीएन) आ वल्ड कमीशन ऑन प्रोटेक्टेड एरियास (डब्लूसीपीए) मिल के "नेशनल पार्क" सभ के कटेगरी II के प्रोटेक्टेड एरिया घोषित करे लें।[7] आईयूसीएन के मोताबिक साल 2006 में कुल 6,555 नेशनल पार्क के पैमाना पर सही उतरे वाला जगह दुनिया भर में रहलें।[8] आईयूसीएन अभिन ले नेशनल पार्क घोषित करे के पैरामीटर सभ के बारे में चर्चा आ बातचीत क रहल बाटे।
नेशनल पार्क सभ लगभग हमेशा आवाजाही खातिर खुला रहे लें।[9]
इहो देखल जायसंपादन
संदर्भसंपादन
- ↑ Europarc Federation (eds.) 2009, Living Parks, 100 Years of National Parks in Europe, Oekom Verlag, München
- ↑ "Evolution of the Conservation Movement, 1850-1920". memory.loc.gov. ओरिजनल से 23 January 2017 के पुरालेखित.
- ↑ Report of the Superintendent of Yellowstone National Park for the Year 1872 Archived 3 April 2016वेबैक मशीन पर ., 43rd Congress, 3rd Session, ex. doc. 35, quoting Department of Interior letter of 10 May 1872, "The reservation so set apart is to be known as the "Yellowstone National Park"."
- ↑ "Tobago Main Ridge Forest Reserve". UNESCO. 17 August 2011. पहुँचतिथी 13 August 2018.
- ↑ Hardy, U. (9 April 2017). "The 10 Oldest National Parks in the World". The CultureTrip. पहुँचतिथी 21 December 2017.
- ↑ Bonnett, A. (2016). The Geography of Nostalgia: Global and Local Perspectives on Modernity and Loss. Routledge. प. 68. ISBN 978-1-315-88297-0.
- ↑ "Category II: National Park". IUCN. 5 February 2016.
- ↑ "History of the National Parks". Association of National Park Authorities. ओरिजनल से 21 अप्रैल 2013 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 12 नवंबर 2012.
- ↑ Gissibl, B., S. Höhler and P. Kupper, 2012, Civilizing Nature, National Parks in Global Historical Perspective, Berghahn, Oxford
बाहरी कड़ीसंपादन
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया National parks पर मौजूद बा। |
- "Areas of Biodiversity Importance: National Parks". Biodiversity A-Z. ओरिजनल से 16 May 2011 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 21 April 2011.
- "Europe's protected areas". EUROPARC Federation.
- "FAQs". U.S. National Park Service.
- Macomber, Drew (September 10, 2018). "Map of All The World's National Parks". Travel Is Free.
- "Man and the Biosphere Programme (Biosphere Reserves)". UNESCO. 7 January 2019.
- "National parks, landscape parks and protected areas in the world". nighthee.com. ओरिजनल से 5 September 2015 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 11 August 2015.
- "National Parks Worldwide". amu.edu.pl. ओरिजनल से 19 जनवरी 2008 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 3 जनवरी 2008.
- "World Database of Protected Areas". Protected Planet.
- "Digital Observatory for Protected Areas (DOPA)". by the Joint Research Centre of the European Commission.
- "World Heritage Sites". UNESCO.
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |