अमरुत एगो फल हवे जवन गरम इलाका सभ में माझिल आकार के फेड़ा पर फरे ला।

पाकल ललगुदियवा अमरुत (सीडियम गुआय्वा)

एकर अंग्रेजी में आम चलनसार नाँव गुआवा हवे, हालाँकि गुआवा बहुत सामान्य नाँव हवे आ कई तरह के फल सभ के अंग्रेजी में एहि नाँव से बोलावल जाला भले ऊ बैज्ञानिक दृष्टि से अलगा प्रजाति के होखें।

सभसे ढेर प्रचलित अमरुत कॉमन अमरुत (सीडियम गुआय्वा) हवे जवन कि मूल रूप से ई मैक्सिकोमध्य अमेरिका क पौधा हवे लेकिन अब ई अफ्रीकाएशिया की उष्ण कटिबंधीय इलाका में ख़ूब पैदा कइल जाला। ई भारत, पाकिस्तान, आ बाकी दक्खिनी एशिया में ई खूब होला। भारत में इलाहाबाद शहर अपनी अमरुत खातिर पुरा दुनिया में मशहूर हवे।

भारतीय किसिम संपादन करीं

भारत में अमरुत क कई गो प्रजाति (किसिम) होला जइसे की इलाहाबादी सफ़ेदा, इलाहाबादी सुरखा, सरदार (लखनऊ -49), सेबिया अमरुत, बेहट कोकोनट अउरी ललित हवे। इलाहाबादी सफ़ेदा आ सरदार (एही के लखनऊ -49 कहल जाला) अपने स्वाद आ ख़ूब ढेर फराई खातिर परसिद्ध बाटे।[1]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. अमरूद की खेती - Agropedia @ IIT कानपुर