प्रतिबंध (Ban) कुछ खास या सगरी विकिपीडिया पन्ना सब के संपादन करे पर एक तरह के औपचारिक मनाहीं हवे, या फिर कुछ खास तरह के संपादन विकिपीडिया के पन्ना सभ पर करे के औपचारिक मनाहीं हवे। प्रतिबंध कुछ निश्चित समय खातिर हो सकेला या अनिश्चित काल खातिर भी।

विकिपीडिया प्रयोगकर्ता मंडली आम सहमति से प्रतिबंध लगावे के निर्णय ले सके ले या कुछ खास दसा में प्रबंधक लोग द्वारा लगावल जा सके ला। आमतौर पर प्रतिबंध साइट प्रतिबंध (सगरी संपादन पर मनाहीं) होला, बाकी कुछ दसा में टॉपिक प्रतिबंध (कौनों निश्चित बिसय/टॉपिक से संबंधित संपादन या संबंधित पन्ना सब पर संपादन खातिर मनाहीं) या आपसदारी प्रतिबंध (अइसन संपादन करे पर मनाही जे दुसरा केहू खास संपादक से बिबाद उत्पन्न करे) भी हो सके ला।

प्रतिबंध रोक से अलग बा, रोक प्रबंधक लोग द्वारा तकनीकी उपाय हवे जेकरा इस्तेमाल से ऊ लोग केहू प्रयोगकर्ता या आइपी पता के विकिपीडिया पर संपादन करे से रोक देला। रोक मुख्य रूप से उत्पात या संपादन लड़ाई रोके खातिर लगावल जाला। एकरे बिपरीत, प्रतिबंध केहू के तकनीकी रूप से संपादन करे से ना रोके ला, हालाँकि प्रतिबंध के लागू लागू करे खातिर इस्तेमाल कइल जा सके ला।

प्रतिबंध के प्रकार संपादन करीं

साइट प्रतिबंध संपादन करीं

अगर बिसेस रूप ने न बतावल गइल होखे, प्रतिबंध साइट प्रतिबंध होला। जे संपादक पर ई प्रतिबंध लागल होखे ओकरे द्वारा संपादन करे पर मनाही होला, पुरा विकिपीडिया पर कहीं भी, कौनों दूसरा खाता से या बेनाम (आइपी) प्रयोगकर्ता के रूप में भी, आ ई हर दशा में लागू होला। खाली एक ठो अपवाद ई बा कि जे संपादक लोग के उनके आपन वार्ता पन्ना संपादन करे के अनुमति होखे, उहाँ प्रतिबंध हटावे के अपील क सके ला (नीचे बतावल तरीका अनुसार)।

लेख प्रतिबंध या पन्ना प्रतिबंध संपादन करीं

संपादक पर लेख प्रतिबंध लगले पर, कौनों खास पन्ना (या कुछ पन्ना सभ) के संपादित करे के मनाहीं होला। प्रतिबंध के सूचना में ई साफ-साफ बतावल गइल होखे के चाहीं की लेख के वार्ता पन्ना भी एह प्रतिबंध में शामिल बा कि नाहीं। जे संपादक लोग पर अइसन प्रतिबंध लागल होखे ऊ लोग विकिपीडिया पर अन्य जगह पर संपादन करे खातिर आजाद होला आ लेख के बिसय के बारे में चर्चा करे खातिर भी।

जब "पन्ना" शब्द के प्रयोग प्रतिबंध में कइल गइल होखे तब एकर मतलब विकिपीडिया पर के कौनों पन्ना होला, उदाहरण खातिर एह में शामिल बा प्रयोगकर्ता, वार्ता, चर्चा, फोटो, श्रेणी या टेम्पलेट पन्ना। शब्द "लेख" आमतौर पर खाली मुख्यस्थान पन्ना खातिर इस्तेमाल होला। अगर अन्य संबंधित पन्ना (जइसे कि पन्ना के वार्ता पन्ना वगैरह) के भी शामिल करे के होखे तब ई साफ तौर पर प्रतिबंध के कथन में कहल जाई।

बिसय प्रतिबंध संपादन करीं

बिसय प्रतिबंध या टॉपिक प्रतिबंध (Topic ban) क मकसद केहू संपादक के कौनों निश्चित बिसय या टॉपिक से संबंधित संपादन करे से मनाहीं खातिर होला जहाँ उनके संपादन बिघटनकारी रहल बा, लेकिन बाकी विकिपीडिया पर संपादन के इजाजत होला। अगर साफ तौर पर बतावल न गइल होखे, बिसय प्रतिबंध के अंदर ऊ सगरी पन्ना (खाली लेख भर ना) आ जालें जेवन बिसय से संबंधित होखें आ कुछ अन्य पन्ना सभ के हिस्सा भी आ जालें जे बिसय से संबंधित होखें। उदाहरण खातिर, अगर केहू ब्यक्ति के "मौसम" बिसय पर संपादन प्रतिबंध लगा दिहल गइल होखे तब ऊ खाली मौसम पन्ना पर ना बलुक मौसम से जुड़ल सगरी पन्ना पर संपादन ना कर सकेला, जइसे कि:

आपसदारी प्रतिबंध संपादन करीं

आपसदारी प्रतिबंध के मकसद ब्यक्ति लोग में आपसी बिबाद के रोकल हवे। एकतरफा आपसदारी प्रतिबंध प्रयोगकर्ता क के प्रयोगकर्ता ख से संबाद (कौनों भी रूप में) करे से मनाहीं करे ला। दुनों तरफ के आपसदारी प्रतिबंध दुनों सदस्य लोग पर अइसन रोक लगा देला। हालाँकि, दुनों पार्टी आमतौर पर कौनों एकही पन्ना के संपादन कर सके ला आ कौनों चर्चा मे हिस्सा ले सके ला जबले कि एक दुसरा से परहेज करे, आ ऊ लोग एक दुसरा से आपसदारी में कौनों संबाद (इंटरैक्शन) ना कर सके ला।

अइसन प्रतिबंधित संपादक लोग पर नीचे दिहल काम खातिर मनाहीं होला:

  • एक दुसरा के प्रयोगकर्ता पन्ना आ वार्ता पन्ना पर संपादन ना कर सकेला;
  • चर्चा में एक दुसरा के जबाब ना दे सकेला;
  • विकिपीडिया पर कत्तो भी, सीधा या परोक्ष रूप से एक दुसरा के टिप्पणी के संदर्भ में टिप्पणी ना कर सके ला;
  • कौनों पन्ना पर एक दुसरा के संपादन वापस न कर सकेला (चाहे रिवर्ट द्वारा, या अन्य कौनों तरीका से);
  • धन्यबाद ऍक्सटेंशन के इस्तेमाल एक दुसरा के संपादन पर ना कर सकेला।

सीमित प्रतिबंध के अपवाद संपादन करीं

अगर साफ तौर पर कहल न गइल होखे, लेख, पन्ना, टॉपिक या आपसदारी प्रतिबंध नीचे दिहल गइल चीज पर ना लागू होला:

  • साफ उत्पात के वापस (रिवर्ट) कइल (जहाँ पन्ना पर अनाप-शनाप लिखल गइल होखे) या साफ तौर पर जियत लोग के जीवनी नीति के उल्लंघन कइल गइल होखे। इहाँ मुख्य बिंदु "साफ" बा, जेकर मतलब ई बा कि, केहू ब्यक्ति तार्किक रूप से एह बात से असहमत न हो सके।
  • बैधानिक आ जरूरी बिबाद निपटारा में शामिल होखल, मने कि, खुद प्रतिबंध के ऊपर बैधानिक तरीका से उचित फोरम में जवाब दिहल या अनुरोध कइल, उदाहरन खातिर:
    • दुसरा पार्टी द्वारा आपसदारी प्रतिबंध के उल्लंघन पर प्रबंधक लोग से कार्रवाई करे के अनुरोध, (आमतौर पर एक बेर से ज्यादा ना, आ खाली उल्लंघन के तथ्य बता के)।
    • प्रतिबंध के बिस्तार क्षेत्र के बारे में जानकारी माँगल।
    • प्रतिबंध पर अपील कइल।

एक ठो प्रतिबंधित प्रयोगकर्ता के रूप में, अगर आपके बिचार बा कि एह नियम सभ के हिसाब से राउर संपादन प्रतिबंध में चाहल जा रहल बाटे (एकर रउरा से उमीद कइल जात बा) संपादन के समय ई साफ बताईं या संपादन सारांश में लिखीं। कौनों संदेह की स्थिति में संपादन मत करीं। एकरे बजाय जे प्रतिबंध लगावल ओ से स्पष्ट करे खातिर अनुरोध करीं।

प्रतिबंध के निर्णय संपादन करीं

प्रतिबंध के अधिकार संपादन करीं

नीचे दिहल समूह या ब्यक्ति प्रतिबंध लगावे के निर्णय ले सके ला:

  1. विकिपीडिया समुदाय आम सहमती से प्रतिबंध लगावे के निर्णय ले सके ला (आगे के खंड में बतावल तरीका अनुसार)।
  2. विकिपीडिया समुदाय केहू प्रबंधक के प्रतिबंध लगावे के निर्णय के विवेकाधिकार (कुछ खास दसा आ पैमाना बता के) दे सकेला।
  3. जिम्बो वेल्स के लगे संपादक लोग के प्रतिबंधित करे के अधिकार रिजर्व बाटे।
  4. विकिमीडिया फाउंडेशन के लगे प्रतिबंध लगावे के अधिकार बा (देखीं विमीफा बैस्विक प्रतिबंध नीतिफाउंडेशन द्वारा प्रतिबंधित संपादक), हालाँकि, भोजपुरी विकि पर एह अधिकार के प्रयोग शायदे कभी भइल होखे।
  5. प्रयोगकर्ता लोग पर बैस्विक प्रतिबंध लाग सके ला जे भोजपुरी विकिपीडिया आ अन्य सगरी विकिमीडिया प्रोजेक्ट सभ पर लागू होला।

ऊपर लिखल तरीका के अलावा, अन्य कौनों दसा में केहू अकेल प्रयोगकर्ता कौनों तरह के प्रतिबंध ना लगा सके ला।

समुदाय द्वारा प्रतिबंध आ रुकावट संपादन करीं

विकिपीडिया समुदाय एह आम सहमती पर पहुँच सके ला कि संपादक पर बिबिध तरह के मनाहीं लागू कइल जाय:

  • अगर संपादक लगातार बिघटनकारी साबित भइल होखे, पूरा विकिपीडिया या एकरे कौनों इलाका में, समुदाय ओह संपादक पर साइट प्रतिबंध, बिसय प्रतिबंध या आपसदारी प्रतिबंध लगावे खातिर चर्चा कर सके ला आ आम सहमति होखले पर केहू प्रबंधक (आमतौर पर, अगर तटस्थ प्रबंधक उपलब्ध होखे) चर्चा मे दिहल गइल तर्क के आधार पार प्रतिबंध के घोषणा कर सके ला। अइसन चर्चा में आम विकि परंपरा के अनुसार निर्णय में तर्क आ कारण के वजन देखल जाई न कि समर्थन या बिरोध के संख्या भर देखल जाई।
  • कुछ दसा में, जब समुदाय केहू पर अनिश्चित काल खातिर रोक (ब्लॉक) लगावे के निर्णय कइले होखे, आ ई रोक हटावे के बारे में कौनों राय न दिहले होखे, अइसन प्रयोगकर्ता "विकिपीडिया समुदाय द्वारा प्रतिबंधित" कहाई।

प्रतिबंध लगावे खातिर समुदाय के लोग विकिपीडिया:प्रबंधक सूचनापट (वरीयता) पर होखी। आम दसा में समुदाय के भागीदारी सुनिश्चित करे खातिर अइसन चर्चा कम से कम २४ घंटा जरूर खुला रखल जाई। जब ई लगे कि चर्चा आम सहमति हासिल क लिहले बा प्रबंधक (उपलब्ध होखे त तटस्थ प्रबंधक) संबंधित पार्टी के सूचित करी। एकरा बाद चर्चा बंद क के एकर लॉग उचित जगह पर दर्ज कइल जाई।

प्रबंधक द्वारा प्रतिबंध संपादन करीं

आम दसा में प्रबंधक के प्रतिबंध लगावे के अधिकार ना होला। ई अधिकार विकिपीडिया समुदाय के लगे होला। अपवाद के रूप में नीचे दिहल गइल स्थिति में प्रबंधक अधिकतम एक साल की समय सीमा के प्रतिबंध लगा सके ला:

  • जब विकिपीडिया समुदाय आपन प्रतिबंध लगावे वाला शक्ति केहू प्रबंधक डेलीगेट कइले होखे, दसा आ शर्त साफ-साफ बता के।
  • चूँकि, प्रबंधक समुदाय के सहमति आ विश्वास के कार्यवाहक होलें, अगर सगरी उपलब्ध प्रबंधक (पिछला छह महीना में जेकर कुछ सक्रियता रहल होखे) एकमत हो के प्रतिबंध लगावे के निर्णय लें।

ऊपर बतावल गइल दसा में भी, साइट प्रतिबंध या एक साल से अधिक के प्रतिबंध के अधिकार ना डेलीगेट मानल जाई आ अइसन प्रतिबंध लगावे के अधिकार समुदाय के लगी रही।

गलत आचरण के दोहराव पर प्रतिबंध लग सके ला संपादन करीं

गलत आचरण या बेहवार के कारण जे संपादक पर प्रतिबंध लागल होखे ओ से उमीद कइल जाला की ऊ सुधार करी आ प्रतिबंध हटले पर दुबारा अइसन गलती फिर से ना करी। अगर दुबारा गलती के दोहराव करे तब फिर से प्रतिबंध लगावल जा सके ला (ऊपर बतावल प्रक्रिया अनुसार)।

प्रतिबंध समय सीमा संपादन करीं

प्रतिबंध कौनों कम समय खातिर लागू उपचार ना हवे। कुछ प्रतिबंध समय सीमा बता के लगावल जा सकेला, बाकी अक्सर ई बिना कौनों समय सीमा के हो सकेला, काहें कि अइसन निर्णय ई मान के लिहल जाला कि संपादक के एह साइट (या साइट के हिस्सा) पर संपादन ना करे के चाहीं।

प्रतिबंध समीक्षा आ वापसी संपादन करीं

जेकरा ऊपर प्रतिबंध लागल होखे खाली उहे समीक्षा के अपील क सकत बा ओकरा स्थान पर दूसर केहू ना। नीचे बतावल तीन गो तरीका से प्रतिबंध के समीक्षा खातिर अनुरोध कइल जा सकत बा:

  • कुछ बिसय या विकिपीडिया के कुछ हिस्सा वाला प्रतिबंध के दसा में, प्रबंधक सूचनापट पर समीक्षा के अपील कइल जा सकत बा।
  • संपादक जे के खाली आपन वार्ता पन्ना संपादन के अनुमति बा ऊ लोग:
  • अपना वार्ता पन्ना पर ई अपील क सकत बा।
  • प्रबंधक के ई-मेल से आपन आपील भेज सकत बा आ ओके समुदाय के सामने रखे के अनुरोध कर सकत बा (एकर दुरुपयोग न करे के चाहीं)।
  • कौनों भी पन्ना (इहाँ तक कि आपन वार्ता पन्ना भी) पर संपादन करे में असमर्थ संपादक प्रबंधक के ई-मेल से आपन आपील भेज के ओके समुदाय के सामने रखे के अनुरोध कर सकत बा (एकर दुरुपयोग न करे के चाहीं)।
  • अगर संपादक के अपील करे खातिर ओकरे ऊपर से ब्लॉक हटावल जाय तब ऊ कौनों अन्य पन्ना (जे अपील से संबंधित न होखे) पर संपादन करे तब ओकरा के दुबारा ब्लॉक कइल जा सकत बा।

उल्लंघन आ एन्फोर्समेंट संपादन करीं

प्रतिबंध लागू करत घरी, विकिपीडिया के रवैया कई आपस में कंपटीशन करत मुद्दा सभ के धियान में रख के चले के हऽ:

  • विकिपीडिया के गुणवत्ता अधिकतम संभव स्तर पर ले जाइल।
  • विकिपीडिया पर संपादन कर सके वाला संपादक लोग के संख्या बढ़ावल।
  • प्रतिबंधित प्रयोगकर्ता के ले के समुदाय के अंदर बिबाद से बचाव।
  • संबंधित बिसय के प्रतिबंधित संपादक से बचाव।

एही से प्रतिबंध के कई पहलू बा जिनहन के धियान देवे के चाहीं। भले सगरी संपादक लोग से ई उमीद कइल जात होखे कि ऊ लोग एह नीति के लागू करे के सम्मान करे आ एन्फोर्समेंट के साथ कौनों बिसवासघात न करे न एके कमजोर करे, केहू से ई उमीद ना कइल जाला कि ऊ ब्याक्तिगत तौर पर प्रतिबंध लागू करवावे खातिर अपना के जिम्मेदार माने।

अच्छा या खराब हर तरह के संपादन पर लागू प्रतिबंध संपादन करीं

सम्पादक लोग पर साइट प्रतिबंध अंतिम उपाय के रूप में लगावल जाला। जब बहुत अति वाली घटना या कौनों समस्या बहुत लंबा समय से लगातार बनल होखे आ सीमित मनाहीं सभ से न सुलझ रहल होखे, आ जवन समुदाय खातिर ब्यापक या सीरियस परेशानी के कारण बनल होखे। प्रतिबंध खाली एह खातिर न लगावल जाला कि "जबले ऊ संपादक ठीक न हो जाय"। हालाँकि, प्रतिबंध के निर्णय लागू कइल एह बात के आधार पर ना रोकल जा सकेला कि जेकरा पर प्रतिबंध लगावल जा रहल बा ओकर कुछ संपादन सकारात्मक भी बा।

रोक संपादन करीं

आम तौर पर साइट प्रतिबंध के दसा में संपादन करे से भी रोक दिहल जाला। एह दसा में केहू अगर दूसर खाता बनावे या आइपी के उपयोग क के संपादन करे तब ओह कठपुतरी खाता आ आइपी के भी ब्लॉक क दिहल जाला।

प्रतिबंध समय रीसेट संपादन करीं

अगर प्रतिबंध खत्म होखे से पहिले एकर उल्लंघन होखे तब बिना कौनों औपचारिक चर्चा के प्रतिबंध के समय सीमा बढ़ावल जा सके ला। उदाहरण खातिर अगर केहू पर साल भर के प्रतिबंध लागल होखे आ ऊ छह महीना बाद एकर उल्लंघन करे वाला संपादन करे, प्रतिबंध के तबसे साल भर ले लागू होखे वाला कइल जा सके ला।

प्रतिबंधित संपादक अगर दूसर खाता बना के संपादन शुरू क दे तब ओकरे एह "अवतार" के भी कठपुतरी के रूप में प्रतिबंधित कइल जा सकत बा आ पुरनका खाता पर भी प्रतिबंध के समय सीमा बढ़ावल जा सकत बा।

प्रतिबंधित प्रयोगकर्ता के एवज में संपादन संपादन करीं

प्रतिबंध के उल्लंघन में कइल गइल संपादन के केहू भी प्रयोगकर्तावापस कर सकत बा, बिना कौनों अन्य तर्क दिहले, आ तीन-वापसी नियम के परवाह कइले बिना भी अइसन कर सकत बा। एकर मतलब ई ना भइल कि प्रतिबंधित संपादक के संपादन जरूर वापस करे के चाहीं काहें से कि ऊ सदस्य प्रतिबंधित बा (निश्चित तौर पर उत्पात हटावल, टाइपो सुधार वगैरह सकारात्मक बदलाव के बनल रहे दिहल जा सके ला), लेकिन संपादन के उद्देश्य पर दुबिधा के स्थिति में अइसन संपादन हटा दिहल जाय।

संपादन वापसी करत समय इहो धियान दीहल जाए के चाहीं कि, वापस क के जवना चीज के स्थापित कइल जात बा ऊ विकिपीडिया के मूल नीति सभ, जइसे कि तटस्थता, सत्यापनीयता, आ जीवित ब्यक्ति के जीवनी वगैरह के उल्लंघन न करे। प्रतिबंधित सदस्य के संपादन वापस करे वाला वापसी के बाद स्थापित अवतरण के सामग्री के प्रति जिम्मेवार होखी।

प्रतिबंध के उल्लंघन में बनावल गइल पन्ना, जेह में अन्य कौनों संपादक के बिसेस योगदान न होखे जल्दी से हटावे लायक मानल जाई आ केहू भी संपादक अइसन पन्ना सभ पर {{हटा-व५}}, या अन्य नाँव {{हटा-प्रतिबंधित}} के टैग जोड़ के हटावे के नामांकन कर सके ला। अगर केहू अउरी संपादक ओह पन्ना में महत्व वाला योगदान नीक नीयत से कइले होखे तब ओह संपादक के सूचित करे के चाहीं कि पन्ना एक ठो प्रतिबंधित संपादक के बनावल बा, आ केस के अनुसार टिप्पणी मंग के फैसला लिहल जाए के चाहीं।

प्रतिबंधित संपादक के बनावल श्रेणी सभ के धियान दे के हटावे के चाहीं, अगर ऊ एकदम साफ फालतू न होखें। संदेह के दसा में चर्चा द्वारा हटावे के नामांकन करीं।

प्रॉक्सी संपादन संपादन करीं

कौनों भी तरीका से केहू प्रतिबंधित संपादक के नकल करे वाला (ओइसने संपादन) अगर केहू अन्य सदस्य करे आ प्रतिबंधित सदस्य के बदनाम करे के प्रयास करे तब इहो गंभीर शरारत मानल जाला। अइसन खाता सभ पर भी रोक लगावल जा सके ला।

प्रयोगकर्ता पन्ना संपादन करीं

प्रतिबंधित संपादक के प्रयोगकर्ता पन्ना आ वार्ता पन्ना प्रतिबंध के नोटिस के साथ अपडेट क दिहल जाला, आ संबंधित चर्चा के कड़ी भी एह नोटिस में लगा दिहल जाला। एकर मकसद अन्य प्रयोगकर्ता लोग के जानकारी खातिर होला जे प्रतिबंधित प्रयोगकर्ता के संपादन से भाबिस्य में टकराय।

आगे के एन्फोर्समेंट तरीका सभ संपादन करीं

सीरियस, लगातार चालू प्रतिबंध उल्लंघन से अन्य तकनीकी तरीका से निपटल जा सकेला आ जहाँ से संपादन ओरिजिनेट हो रहल होखे ओह नेटवर्क ऑपरेटर से भी शिकायत कइल जा सकत बाटे।

प्रतिबंध आ रोक में अंतर संपादन करीं

मानक अंतर ई बा कि प्रतिबंध, संपादन करे से मनाहीं के सामाजिक निर्णय हवे; जबकि रोक एक ठो टेक्निकल सेटिंग हवे जेवना से संपादन करे से रोकल जाला।

मीडियाविकि सॉफ्टवेयर में ई सुबिधा नइखे कि ऊ खाली कुछ चुनल गइल क्षेत्र में संपादन रोक सके। एही से जब कौनों बिसय प्रतिबंध लागे तब ओह संपादक के तुरंत ओह बिसय से संबंधित पन्ना पर संपादन रोक देवे के चाहीं। अइसन ना करे पर ओह लोग के संपादन रोके खातिर तकनीकी उपाय के रूप में रोक लगा दिहल जाई आ फिर ऊ कौनों भी पन्ना पर संपादन ना करे पाई।

  रोक
("अनिश्चित कालीन रोक" शामिल बा)
साइट प्रतिबंध पन्ना/टॉपिक प्रतिबंध
समुदाय के अभी भी सदस्य? हँऽ, हालाँकि संपादन करे में अक्षम ना हँऽ
अपना वार्ता पन्ना पर पहुँच? जबले दुरुपयोग न होखे, आमतौर पर एलाऊ आमतौर पर मना हँऽ
रोक/प्रतिबंध लगावल प्रबंधक द्वारा लगावल जा सके ला आमतौर पर विकिपीडिया समुदाय द्वारा, या अपवाद के रूप में सगरी उपलब्ध प्रबंधक के राय से (या एकलौता प्रबंधक द्वारा, अगर समुदाय केहू प्रबंधक के कुछ पावर डेलीगेट करे तब)
रोक/प्रतिबंध लागू रहत घरी बनावल सामग्री
(प्रयोगकर्ता द्वारा, या ओकरे एवज में केहू द्वारा)
संपादन वापसी क दिहल जाई (कुछ अपवाद), आ कौनों बनावल पन्ना के हटा#व५ के तहत हटा दिहल जाई। साफ तौर पर प्रतिबंध के दायरा वाला क्षेत्र में संपादन वापसी क दिहल जाई (कुछ अपवाद), आ कौनों बनावल पन्ना के हटा#व५ के तहत हटा दिहल जाई। अगर ई दुबिधा होखे की संपादित पन्ना (या खंड) प्रतिबंध के दायरा में बा कि ना, चर्चा कइल जाई।

अन्य धियान में रखे के बात संपादन करीं

प्रतिबंधित प्रयोगकर्ता के प्रति बेहवार संपादन करीं

विकिपीडिया क्व आशा ई रहेला कि प्रतिबंधित संपादक लोग सम्मान के साथ विकिपीडिया या प्रतिबंधित बिसय (क्षेत्र) छोड़ दी, चाहे हमेशा खातिर या फिर प्रतिबंध के समय सीमा खत्म होखे तक। अन्य संपादक लोग द्वारा, केहू पर प्रतिबंध लागे के फायदा उठावल नामंजूर बाटे, चाहे ई ओह लोग के नकल उतारे, ताना-मेहना मारे, या अन्य कौनों तरीका से अपशब्द कहे रूप में होखे। ब्याक्तिगत हमला आ मजाक उड़ावल हमेशा मना बाटे भले एकर टारगेट केहू प्रतबंधित संपादक होखे।

क्षेत्र बिस्तार संपादन करीं

भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों नियंत्रण या परभाव मेटा विकि, विकिमीडिया के साथी प्रोजेक्ट, या भोजपुरी भाषा के अलावा अन्य कौनों भाषा में बनल विकिपीडिया पर नइखे। एही से भोजपुरी विकिपीडिया पर लागल कौनों तरह के प्रतिबंध एकरे अलावा कौनों दूसर प्रोजेक्ट पर ना प्रभावी होखी या उहाँ एकरा के महत्व देवे के कौनों आग्रह भोजपुरी विकि के ओर से बाटे।

इहो देखल जाय संपादन करीं