विद्यानिवास मिश्र

भारतीय पत्रकार आ बिद्वान आ साहित्यकार

विद्यानिवास मिश्र (28 जनवरी 1928 –14 फरवरी 2005) एगो भारतीय लेखक, कवी आ पत्रकार रहलें। मिश्र के जनम उत्तर प्रदेश राज्य के गोरखपुर जिला के पकड़डीहा नाँव के अस्थान पर भइल आ पढ़ाई गोरखपुर विश्वविद्यालय आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय में भइल। प्रसिद्ध लेखक राहुल संकृत्यायन के साथे डिक्शनरी लेखक के काम कइलेन आ बाद में इनके ललित निबंधकार के रूप में परसिद्धी मिलल। एह कड़ी में कई गो निबंध खाली शब्द सभ के परिचय करावे खातिर लिखलें जे हिंदी की शब्द संपदा के नाँव से छपल ई किताब इनके कोशकार आ निबंधकार दुनों रूप के एक साथ देखावे ले।

विद्यानिवास मिश्र
जनमविद्यानिवास मिश्र
(1928-01-28)28 जनवरी 1928
गोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत
निधन14 फरवरी 2005(2005-02-14) (उमिर 77)
उत्तर प्रदेश, भारत
पेशाकवी, पत्रकार आ लेखक
भाषासंस्कृत, हिंदी, अंग्रेजी
राष्ट्रियताभारतीय
शिक्षाएम.ए. संस्कृत
प्रमुख सम्मानपद्मभूषण
पद्मश्री
साहित्य अकादमी
मूर्तिदेवी सम्मान

मिश्र, कई ऊँच प्रदेश पर भी रहलें जेह में बनारस में काशी विद्यापीठ आ संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय के वाइस चांसलर, आगरा में हिंदी विद्यापीठ के डाइरेक्टर वगैरह के पद सामिल बा। कैलिफोर्निया में विजिटिंग प्रोफेसर रहलें। लंबा समय ले नवभारत टाइम्स के संपादक भी रहलें।

भारत सरकार द्वारा इनके पद्मश्री आ पद्मभूषण सम्मान दिहल गइल। साहित्य अकादमी सम्मान आ मूर्तिदेवी सम्मान भी इनके साहित्यिक काम के खातिर दिहल गइल।

संदर्भ संपादन करीं