कर्क रेखा: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
Created page with "'''कर्क रेखा''' एगो अइसन कल्पित रेखा ह जेवन पृथ्वी की ओ सारा जगहन से हो..."
 
No edit summary
लाइन 1:
[[File:World map with tropic of cancer.svg|thumb|right|250px|विश्व की नक्शा पर कर्क रेखा]]
'''कर्क रेखा''' एगो अइसन कल्पित रेखा ह जेवन पृथ्वी की ओ सारा जगहन से हो के गुजरे ले जवन पृथ्वी क सबसे उत्तर ओर क आस्थान हवें जहाँ सुरुज क किरन साल में कम से कम एक दिन जरूर सीधा (90 अंश पर) पड़ेले। अइसन वर्तमान समय में 21 जून के होला जब सूर्य सबसे उत्तर ले पहुँच के सीधा चमकेला। अइसन पृथ्वी की एकरी काल्पनिक धुरी की झुकाव की वजह से होला आ 21 जून के पृथ्वी क उत्तरी हिस्सा ठीक सुरुज की ओर झुकल रहेला जेवना से सुरुज से आवे वाला किरन पृथ्वी पर उत्तर की ओर चढ़ जाले।
 
वर्तमान समय में कर्क रेखा क इस्थिति 23.5 डिग्री उत्तरी [[अक्षांश]] (सूक्ष्म मान - 23° 26' 14.440") की सहारे बाटे। इतिहास में ए में थोड़ा बहुत परिवर्तन भी भइल बा जेवन चक्रीय होला, मने कबो घट जाला आ फिर ठीक ओतने समय में बढ़ जाला। ई परिवार्तन पृथिवी की झुकाव की मात्रा में बदलाव की वजह से होला।
 
कर्क रेखा, आ एकर उल्टा [[मकर रेखा]] जेवन दक्खिनी गोलार्ध में इस्थित बा, दुनो की बिच्चा में क हिस्सा [[उष्ण कटिबंध]] कहल जाला।
 
कर्क रेखा भारत की बीचोबीच से हो के जाले आ भारत की आठ गो राज्यन से हो के गुजरेले। ई राज्य हवें [[गुजरात]], [[राजस्थान]], [[मध्य प्रदेश]], [[छत्तीसगढ़]], [[झारखण्ड]], [[पश्चिम बंगाल]] [[त्रिपुरा]] अउरी [[मिजोरम]]। राँची शहर कर्क रेखा पर इस्थित बा।
== जमीं पर कर्क रेखा==
 
पूरा दुनिया में कई जगह पर नाप-जोख कइ के कर्क रेखा क जमीं पर इस्थिति के देखावे खातिर तरह तरह क निसान लगावल गइल बा। एही में से कुछ क फोटो नीचे दिहल जात बा:
<center>
<gallery>
File:Tropic of cancer passes through Madhay Pradesh.jpg|भारत में [[साँची]] की लगे एगो साइनबोर्ड जेवन कर्क रेखा क इस्थिति बतावत बा
File:Tropic of cancer nadia wb india.jpg|भारत में कर्क रेखा कि गुजरला के बतावे वाला एगो साइनबोर्ड
File:Tropicofcancer.jpg|[[सहारा]] की [[रेगिस्तान]] में कर्क रेखा
File:Trópico de Cáncer en México - Carretera 83 (Vía Corta) Zaragoza-Victoria, Km 27+800.jpg|मैक्सिको में कर्क रेखा का हर साल खिसकाव नाप के लिखल गइल बा
File:Tropic of Cancer in Hualian Taiwan.jpg|हुआलिआन, ताइवान में
</gallery>
</center>
{{आधार}}
[[श्रेणी:भूगोल]]