गोपालगंज जिला: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
छो Bot: Fixing redirects
लाइन 63:
}}
 
भारत देश के अन्तर्गत बिहार राज्य के एगो प्रशासनिक जिला हवे- [[गोपालगंज]]। ई जिला सारण प्रमंडल के अन्तर्गत आवेला, जेकर जिला मुख्यालय गोपालगंज शहर में स्थित बा। एह जिला में मुख्यरूप से [[भोजपुरी भाषा|भोजपुरी]] औरी गौण रूप से हिन्दी भी बोलल जाला।
<h2><span class="mw-headline" id="इतिहास">इतिहास</span></h2>
<p>समृद्ध ऐतिहासिक पृष्ठभूमि औरी शानदार संस्कृति वाला एगो खूबसुरत जिला के रूप में विख्यात बा- गोपालगंज। आपन बहादुरी औरी लोगन के आजादी से प्यार करे वाला मल्ल वंश के नांव भी एह गोपालगंज से जुड़ल बा। प्रागैतिहासिक काल में, गोपालगंज नेपाल देश के हिस्सा रहे। खाली इहे ना नेपाल राजतंत्र सरयू नदी के किनारे तक ले रहे, जवन आज सीवान जिला कहलाला। सीवान के मतलबे होला- सीमा। १८७५ ई. तक गोपालगंज एगो छोट इलाका रहे, जवन ओही साल में पुरनका सारण (एकरा अन्तर्गत वर्तमान में गोपालगंज, सीवान औरी छपरा जिला आवेला) जिला के एगो अनु्मंडल बनल। ०२ अक्टुबर, १९७३ के सारण से अलग होखे एगो स्वतंत्र जिला बनल।</p>