सिवान: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
लाइन 70:
==जनसांख्यिकीय==
2011 के भारतीय [[जनगणना]] के अनुसार,<ref>{{cite web|url=http://www.censusindia.net/results/town.php?stad=A&state5=999|archiveurl=http://web.archive.org/web/20040616075334/http://www.censusindia.net/results/town.php?stad=A&state5=999|archivedate=2004-06-16|title= Census of India 2001: Data from the 2001 Census, including cities, villages and towns (Provisional)|accessdate=2008-11-01|publisher= Census Commission of India}}</ref> सिवान के जनसंख्या 3,318,176 रहल। जनसंख्या में पुरुष के सहभागिता 50.4% आ महिलाकुल के 49.6% रहल। सिवान में साक्षरता के दर 72% रहल, राज्य के साक्षरता औसत 63.8% से अधिक : पुरुषकुल के साक्षरता दर 82.8% बा, आ महिलाकुल के 60.4% साक्षरता दर बा। हालाकी राष्ट्रीय शैक्षणिक दर 74% से कम बा। पुरुषकुल के साक्षरता दर अचानक बढल बा बाकि, महिलाकुल के साक्षरता दर अभी तक बहुते पीछे बा। 2001 से 2011 के बीच , महिला लिंग अनुपात 1031 महिला प्रति एक हजार पुरुष से गिर के 984 महिला प्रति एक हजार पुरुष पर गिर चुकल बा। हालाकि इ दर राष्ट्रिय लिंग अनुपात दर 940 से बेहतर बा बाकि तेज गिरावट एगो चिंताजनक बात बा।
 
{{see also|बिहार के शहरन के सूची}}
==इतिहास==
शब्द "सिवान" के मतलब भोजपुरी में [[सिमा]] होला। हाल के समय में इ बिहार, भारत के सिमा पर स्थित नईखे बल्कि कउनो समय में अहिजा भारत के सिमा रहल।
डॉ0 राजेन्‍द्र प्रसाद (दिसम्बर 3, 1884– फरवरी 28, 1963) भारत के प्रथम राष्ट्रपति रहलन। उनका जन्म सिवान के जिरादेई में भईल रहल।
 
राजेन्द्र प्रसाद भारतीय स्वतंत्रता के कार्यकर्ता रहनी आ कांग्रेस पार्टी के नेता रहनी। भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन में इहाके एक प्रमुख भूमिका निभईले रहनी। उहाँ के संविधान सभा के प्रमुख के रुप में भी भूमिक निभईले रहनी जिनके अध्यक्षता में 1948 से लेके 1950 के बीच गणतंत्र संविधान के मसौदा तैयार भईल। उँहाके स्वतंत्र भारत में प्रथम भारत के कैबिनेट में भी थोड़ा समय खातिर कैबिनेट मंत्री के रुप में आपन सेवा देले रहनी।
 
देशरत्न डॉ0 राजेन्‍द्र प्रसाद स्वतंत्रता आंदोलन में नेतृत्व करे खातिर जेतना हो सकत रहे ओतना दिन पटना में रहनीं। 6 फरवरी 1921 के बिहार विद्यापीठ के स्थापना भईल तब से उँहाके अहिजा खातिर काम कईनी, अहिजा रहनी।
 
==संदर्भ==
"https://bh.wikipedia.org/wiki/सिवान" से लिहल गइल