बिहार के इतिहास: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Bot: Fixing redirects
लाइन 5:
बिहार में बिदेसी लोगन में सभसे पहिले [[पुर्तगाली]] लोग आइल जे बंगाल की [[हुगली]] में आपन अड्डा बना के [[पटना]] ले नाइ से ब्यापारी की रूप में आवे। बिहार एह समय [[शोरा]] की ब्यापार खातिर मसहूर रहे। अंग्रेज लोग १६२० ई में पटना की आलमगंज में आपन पहिला फैक्टरी अस्थापित कइल आ इहाँ आपन ब्यापार बढ़ावे शुरू कइल। [[पलासी क लड़ाई|पलासी की लड़ाई]] आ [[बक्सर क लड़ाई|बक्सर की लड़ाई]] की बाद ए इलाका पर अंग्रेज लोगन के शासन शुरू भइल आ भारत की आजादी ले चलल।
 
[[आजादीभारत की आज़ादी क लड़ाई|आजादी की लड़ाई]] में बिहार में कई ठे महत्ववाली घटना भइल। [[जगदीशपुर]] में [[कुँवरसिंह]] आपन स्वतंत्र राज चलवलें। उन्नईस्वीं सदी की पछीला हिस्सा में [[वहाबी आंदोलन]] बिहारो में जोर पकरलस। १९०८ में [[मुजफ्फरपुर बम कांड]] भइल आ एकरी बाद बिहार में क्रांतिकारी भावना के अस्थापना भइल। पटना में अनुशीलन समिति की एगो शाखा के अस्थापना १९१३ में भइल। [[भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस]] क बिहार में पहिला अधिवेशन पटना की [[बाँकीपुर]] में १९१२ में भइल। [[महात्मा गाँधी|गाँधीजी]] आपनी [[सत्याग्रह]] के शुरुआत १९१७ में चम्पारन से कइलें। १९२२ में [[भागलपुर झंडा कांड]] भइल। असहयोग आंदोलन से ले के भारत छोड़ो आंदोलन ले बिहार के जनता भारत की आजादी की लड़ाई में बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहलस।
 
==संदर्भ==