"विकिपीडिया:के बारे में" की अवतरण में अंतर

कौनों संपादन सारांश नइखे
No edit summary
No edit summary
'''विकिपीडिया''' [[इंटरनेट]] पर आधारित एगो फ्री आ खुला [[ज्ञानकोश]] ह। ई विकि की रुप मेँ बा, मने कि एगो अइसन तरीका से आपस में जुड़ल पन्ना के भंडार जहाँ सभ केहू के संपादन करे के छूट बा आ मोका दिहल जाला। विकिपीडिया शब्द विकि अउर ''इनसाइक्लोपीडिया'' (ज्ञानकोष) शब्दन के मिला के बनल बा। विकि (wiki) एगो कंप्यूटर के भाषा हवे जेवना में ई ज्ञानकोश बनल बाटे। विकिपीडिया एगो बहुभाषी प्रोजेक्ट ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेख कुल के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर [[टैम्पा]], [[फ्लोरीडा]], अमेरिका में बा, अउरी दूसर सर्वर [[एम्सटर्डम]] अउर [[सियोल]] में बानें।
 
निपुण लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश [[न्यूपीडिया]] की सहजोगी की रूप में [[२९ जनवरी]], [[२००१]] मेँ एकर शुरुआत भइल। अब ई [[विकिमीडिया फाउन्डेशन]] द्वारा चलावल जात बा जेवन एगो गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 की बिचा में ए प्रोजेक्ट मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ीये भाषा में 12 लाख से भी ढेर लेख रहल जेवन बढ़ के अब 4 लाख से अधिका हो चुकल बाटे। ई 285 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा। जर्मन भाषा के विकिपीडिया के डीवीडी में भी वितरित करल गइल बा। विकिपीडिया के संस्थापक [[जिमी वेल्स]] के शब्दन में ई "विश्व के हर बेकति के खातिर, उनकर आपन भाषा में एगो बहुभाषीय, मुक्त, सबसे ढेर मुमकिन गुणवत्ता वाला विश्वकोश बनावे आ वितरित करे के एगो कोसिस ह।"
 
हालांकि विकिपीडिया क विश्वस्तता आ सत्यता पर विवाद भी होखत बा। वेबसाईट पर आसानी तथा बर्बरता के साथ संपादन करे के क्षमता, असमान गुणवत्ता आ कईयन भषवन में तथ्य के परोक्ष लोकप्रियता के प्राथमिकता इत्यादि क ढ़ेरे आलोचना भइल बा। तबो ई के मुक्त वितरण, निरंतर आ काफी संख्या में बदलाव, विभिन्न क्षेत्रन आ भषवन के समावेश से इ के इंटरनेट पर विश्व के सबसे अधिक लोकप्रिय निर्देशिका संसाधन में से एगो बन चुकल बा।
2,406

संपादन सभ