विकिपीडिया:श्रेणी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
No edit summary
लाइन 1:
'''श्रेणी''' <small>(Category)</small> विकिपीडिया के अइसन पन्ना हवें जेवन लेख, टेम्पलेट आ अउरी दूसरी श्रेणी सभ आ बाकी कई किसिम के सामग्री के अलगा-अलगा बाँट के उन्हानें के बर्गीकरण करे की काम में आवेला। ए ब्यवस्था से केहू पाठक के कवन चीज कहाँ बा ई खोजे में सुबिधा होला।
 
कौनों पन्ना जेवनी श्रेणी/श्रेणी सभ में राखल होला ऊ सगरी के नाँव कड़ी की रूप में पन्ना पर सबसे नीचे लऊके ला।
 
==श्रेणीकरण==
Line 13 ⟶ 15:
*'''नयका लेख''': हमेशा नया लेख बनावे की बाद ओकरा के सटीक श्रेणी में जरूर रखीं। लेख एक से ढेर, मने की एकही संघे कई गो श्रेणिन में रखल जा सकत बा।
*'''बिना श्रेणी''': अगर आपके कौनों लेख अइसन मिले जेवन कौनों श्रेणी में न होखे त कोसिस करीं की ओकरा के कौनों उचित श्रेणी में रख दीं। अगर ई न बुझाव की कौना श्रेणी में एकरा के राखल जाव, या जवन श्रेणी में एकरा के रखे के चाहीं ऊ मौजूद नइखे तब लेख के बिना श्रेणी वाला चिन्हित कर दीं। एकरा खातिर लेख में टेम्पलेट '''{{tl|बिना श्रेणी}}''' के प्रयोग करीं। एकर प्रयोग करे खातिर पन्ना पर सबसे नीचे <code><nowiki>{{बिना श्रेणी}}</nowiki></code> जोड़ दीं। बाकी काम प्रबंधक लोग समय निकाल के कर दी आ लेख के सही श्रेणी में रख दी।
*'''उप श्रेणी''':एगो श्रेणी में कई गो छोट श्रेणी भी हो सकेली। इन्हन के मुख्य श्रेणी के उपश्रेणी कहल जाला। हमेशा लेख के बिसय की महत्व की अनुसार ओकरा के सबसे छोट श्रेणी में रखीं। उदाहरण खातिर भूगोल से जुड़ल जेवन चीज पूरा भारत खातिर महत्व के बा त ऊ [[:श्रेणी:भारत क भूगोल]] में रखाई, लेकिन अगर भूगोल से सम्बंधित लेख खाली बिहार की स्तर पर महत्व के बा तब ऊ [[:श्रेणी:बिहार के भूगोल]] में राखल जाई जेवन की [[:श्रेणी:भारत क भूगोल]] के एगो उप श्रेणी हवे। अइसन कबो ना करीं की कौनों बहुत छोटी मुकी गाँव की बारे में लेख बना के ओकरा के सीधे भारत या बिहार की श्रेणी में डाल दीं बालुक ई कोसिस करीं की ऊ जवना जिला में बाटे ओकरी नाँव की श्रेणी में रखल जाय। अइसहीं बाकी बिसय में भी होखी।
*'''औजार''':श्रेणीकरण के काम में सुबिधा खातिर एगो बहुत ताकतवर औजार [[विकिपीडिया:हॉटकैट|हॉट कैट]] मौजूद बा। अगर चाहीं त एकर भी इस्तेमाल कर सकत बानी। एकरा खातिर एकर पन्ना पढ़ीं [[विकिपीडिया:हॉट-कैट]] पर।