"विकिपीडिया:के बारे में" की अवतरण में अंतर

कौनों संपादन सारांश नइखे
No edit summary
No edit summary
 
विकिपीडिया के मई 2004 में दुगो प्रमुख सम्मान मिलल: पहिला [[प्रिक्स आर्स इलेक्ट्रोनिका]] द्वारा [[गोल्डन नीसा फार डिजीटल कम्युनीटीज़]]; दुसरा कमुनिटी क्षेत्र में जजवन द्वारा [[वेबी सम्मान]]। साथे ही विकिपीडिया के कईगो स्रोतन से प्रशंसा भी मिलल बा, जे में प्रमुख ब: [[बीबीसी न्युज़]], [[वाशिंगटन पोस्ट]], [[द इकोनॉमिस्ट]], [[न्यूज़ वीक]], [[टाइम मैगज़ीन]] आ [[रीइडर-डाइजेस्ट]]। टाइम मैगज़ीनवा विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स के वर्ष 2006 के विश्व के 100 सबसे प्रभावशाली व्यक्तियन में से एगो बतावल। विकिपीडिया के अब 6 अरब से ज़्यादा लेख बा 285 भाषा में।
 
== विभिन्न भषवन में संस्करण ==
जुलाई 2006 तक विकिपीडिया मेँ 151 भषवन में सक्रिय संस्करण रहल, अब कुल 285 भषवन में संस्करण बा जे लेख की संख्या कि मामले में अलग-अलग अवस्था में बा। अलग भषवन के संस्करण आपन स्वतंत्र रूप से कार्य करेला। इ संस्करणन के अंशवन के एक-दूसरा से कौनो संबंध नईखे, न ही ई लेखवन के कौनो संबंध बा, आ ना ही कौनो लेखवन के एक भाषा से दोसरा भाषा में अनुवाद के जरुरत। विकिपीडिया में स्वचालित अनुवाद के स्पष्ट निषेध बा, हालांकि निपुण लोगवन द्वारा अनुवाद के स्वागतो होखेला । भिन्न भषवन के संस्करणन के समान नीति जैसे कि "निष्पक्ष दृष्टिकोण" के जरिए बांधल गईल बा। लेख आ चित्र के भिन्न संस्करणन के बीच इंटरविकि (interwiki) के जरिए जोड़ल जा सकत बा, लेखवन के अनुवाद के खातिर अनुरोध भी कईल जा सकत बा। हालांकि अनुवादित लेख काफी कम संख्या में बा। [[अलेक्क्षा]] (Alexa) के अनुसार अंग्रेजी विकिपीडिया कुल ट्रैफिक के केवल 60% ही प्राप्त करेला। जबकि अन्य 40% भिन्न भषवन में बा। मुख्य भषवन में
[[अंग्रेजी]], [[जर्मन]], [[फ्रांसीसी]], [[पोलिश]], [[जापानी]], [[डच]], [[स्वीडिश]], [[इतालवी]], [[पुर्तगाली]] आ [[स्पैनिश]] शामिल बाड़न।
नामालूम प्रयोगकर्ता