विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
लाइन 26:
# '''डिक्शनरी एंट्री''' ज्ञानकोश के लेख कौनों व्यक्ति, समूह (ग्रुप), कंसेप्ट, जगह, चीज या कौनों घटना के बारे में होला। कबो-कबो लेख के शीर्षक एगो शब्द जरूर हो सकेला, बाकी एकर मतलब ई ना बा की लेख ओह शब्द के बारे में आ ओकरा इस्तेमाल के बारे में बनावल बा। लेख हमेशा ओह चीज के बारे में होला जेवना ओर ऊ शब्द इशारा करत बाटे। अपवाद के रूप में संख्या (आ ओकरे सांस्कृतिक अर्थ) पर लेख ज्ञानकोश के बिसय मानल जाला।
# '''शब्दप्रयोग, भावार्थ, कठबोली (स्लैंग) आ/या मुहावरेदार अरथ''' भाषा, बोली, कठबोली (स्लैंग) पर लेख जरूर बनाईं। बाकी कौनों भाषा, बोली इत्यादि सिखावे के गाइड नियर लेख मत बनाईं। देखीं [[विकिपीडिया:NOTGUIDE|"विकिपीडिया कौनों मैनुअल, गाइड, पाठ्यपुस्तक, या बैज्ञानिक जर्नल ना हवे"]], जवन नीचे के खंड में दिहल बाटे। <!-- For a wiki that ''is'' a collection of textbooks, visit our sister project [[b:Main Page|Wikibooks]]. Prescriptive guides for prospective speakers of a language should be [[m:Help:Transwiki|transwikied]] there.-->
{{clear}}
 
===विकिपीडिया आपन मूल बिचार के प्रकाशन के जगह ना हवे ===
<!--{{anchor|COOL|FANSITE|OR|OTHOUGHT|PUBLISHER|HELPDESK}}
This Anchor tag serves to provide a permanent target for incoming section links. Please do not move it out of the section heading, even though it disrupts edit summary generation (you can manually fix the edit summary before saving your changes). Please do not modify it, even if you modify the section title. It is always best to anchor an old section header that has been changed so that links to it won't be broken. See [[Template:Anchor]] for details. (This text: [[Template:Anchor comment]])
{{policy shortcut|WP:FORUM|WP:NOTFORUM|WP:NOT#CHAT|WP:NOTESSAY|WP:NOT#ESSAY|WP:NOT#FANSITE|WP:NOT#FORUM|WP:NOT#OR}}
{{Redirect3|WP:FORUM|You may be looking for [[Wikipedia:Forum shopping]] or [[Wikipedia:Village pump]]}}-->
 
विकिपीडिया कौनों अइसन जगह ना हवे जहाँ आप आपन मूल बिचार या कौनों खोज, या नई जानकारी छाप सकत बानी। हमनी के [[:en:Wikipedia:No original research|मूल रिसर्च]] नीती के अनुसार चलीं आ '''इहवाँ नीचे दिहल चीज में से कौनों के खातिर विकिपीडिया के उपयोग मत करीं''':
 
# '''प्राइमरी (ओरिजिनल) रिसर्च''', जइसे की कौनों नया सिद्धांत के प्रस्ताव, प्रश्न के नया हल, मूल आइडिया, कौनों चीज के नई परिभाषा, कौनों चीज खातिर नया गढ़ल शब्द। आपन अइसन रिसर्च कौनों जर्नल में या कहीं अउरी दूसर जगह छपवाईं। जब आपके खोज कौनों स्तरीय आ सम्मानित जर्नल में या प्रकाशन से छप जाय तब विकिपीडिया ओकरा के इस्तेमाल उद्धरण देवे में कर सकत बाटे। हालाँकि ई हमेशा [[:en:Wikipedia:Citing sources|उद्धरण नीति]] ई [[:en:WP:RS|बिस्वसनीय स्रोत]] के नीति के आधार पर तय होखी की सामग्री [[:en:Wikipedia:Verifiability|सत्यापनीय]] बा की ना आ कहीं लेखक के [[:en:Wikipedia:Neutral point of view|राय भर पर आधारित]] त नइखे।
# '''व्यक्तिगत आविष्कार''' फर्ज करीं की आप या राउर केहू दोस्त-मित्र एगो नया शब्द गढ़ लिहल "फ़्रिन्डल", या एगो नया किसिम के नाच खोज लिहल, या लड़िकन के खेले खातिर नया खेल बना दिहल। अब ई विकिपीडिया पर लेख बनावे लायक [[:en:Wikipedia:Notability|उल्लेखनीय]] तब ले ना मानल जाई जबले की अन्य जगह पर सम्मानित प्रकाशन आ पत्र-पत्रिका में एकर ब्यापक चर्चा न होखे आ एकरा बारे में अन्य जगह पर्याप्त सामग्री न लिखल गइल होखे। [[:en:WP:Wikipedia is not for things made up one day|विकिपीडिया एक दिन में बनल जानकारी खातिर ना हवे]]।
# '''व्यक्तिगत निबंध''' {{anchor|ESSAY}} कौनों टॉपिक पर आपके बिसेस भावना होला (न की कौनों एक्सपर्ट के राय)। विकिपीडिया मानव ज्ञान के एकट्ठा करे के कोसिस जरूर बा, बाकी ई ब्यक्तिगत राय के अइसन ज्ञान के हिस्सा बनावे के जरिया ना हवे। बहुत कम मौका पर, अइसन कौनों बिसेस परिस्थिति में, जहाँ केहू ब्यक्ति के कौनों बिसय पर ब्यक्तिगत राय अतना महत्व वाली होखे की ऊ चर्चा के बिसय बन सके, तब अउरी दूसर लोगन के ओकरा बारे में लिखे दीं। (आपके विकिपीडिया के बारे में ब्यक्तिगत राय या बिचार के निबंध के रूप में लिखे के खातिर आपके नाँवस्थान में संछेप में या फिर [[meta:|Meta-wiki|मेटा विकी पर]] लिखे के कुछ सीमित मौका जरूर उपलब्ध करवावल जा सकत बाटे, बाकी विकिपीडिया के लेख में ई सभ कबो मत लिखीं।)
# <span id="not_a_forum">'''बहस के मंच'''</span>{{anchor|FORUM|CHAT}} आपसे अनुरोध बा की इहाँ ज्ञानकोश बनावे के मूल लक्ष्य पर आपन धयान केंद्रित राखल जाय। रउआं अउरी सदस्य लोगन के साथ उनहन लोग के बातचीत पन्ना पर बात कर सकत बानी जेवना से विकिपीडिया के बेहतर बनावे में मदद मिले, चाहे आप कौनों लेख के बेहतर बनावे आ समस्या के निदान करे खातिर ओह लेख के [[:en:Wikipedia:Talk page|वार्तालाप पन्ना]] पर बात कर सकत बानी, लेकिन चर्चा या बहस के लेख में मत ले जाईं। बातचीत पन्ना भी कौनों आम चर्चा के अस्थान ना हवें, चाहे ऊ लेख के बिसय के बारे में भी होखे।<ref>उदाहरण से समझल जाय: मान लीं की विकिपीडिया पर भारत में साक्षरता बिसय पर लेख बाटे। अब आप एकरा वार्ता पन्ना पर भारत में साक्षरता बढावे के उपाय बतावे लागीं त ई उचित नइखे। बातचीत पन्ना पर आप ख़ाली भारत में साक्षरता नाँव के लेख में अउरी कइसे सुधार कर के ओके बेहतर बनावल जाय एही बारे में लिख सकत बानी, न की ओकरे बिसय के बारे में बाहरी बात आ राय देवे लागीं।</ref> लेख के वार्ता पन्ना कौनों टेक्नीकल मदद मांगे के जगह भी ना हवे।<ref>ज्योतिष पर लेख बा, ओकरे बातचीत पन्ना पर आपन कुंडली मत बिचरवावे लागीं, या ई मत पूछीं की रउआं जोतखी बनल चाहत बानी आ रउआं किताब के नाँव जानल चाहत बानी।</ref> वार्ता पन्ना के खातिर अनुचित सामग्री के [[:en:WP:TPG|वार्ता पन्ना दिशानिर्देश]] के अनुसार हटा दिहल जा सकत बाटे। <!-- अगर आप कौनों बिसय पर सवाल पूछल चाहत बानी तब [[:en:Wikipedia:Reference desk|रिफेरेंस डेस्क]] पर पूछ सकत बानी, न की लेख के वार्ता पन्ना पर। -->
{{clear}}
 
===विकिपीडिया भाषण देवे या परचार करे के मंच ना हवे===
<!-- {{Anchor|ADVERTISING|ADVOCATE|OPINION|PROMO|SCANDAL|SOAP|SOAPBOX|PLUG|Wikipedia is not a soapbox}}
{{Policy shortcut|WP:NOTADVERTISING|WP:NOTADVOCATE|WP:NOTGOSSIP|WP:NOTOPINION|WP:NOTSCANDAL|WP:NOTSOAPBOX|WP:NOTPROMOTION|WP:PROMOTION|WP:PROMO|WP:PLUG|WP:SOAP|WP:SOAPBOX|WP:NOT#SOAP|WP:NOTFORUM}}
{{Redirect|WP:PROMOTION|other pages about advertising and promotion|Wikipedia:Advertising}}
{{Redirect|WP:SOAP|the Soap Operas WikiProject|Wikipedia:WikiProject Soap Operas}}-->
 
विकिपीडिया [[:en:soapbox|मंच]] ना हऽ, न लड़ाई के मैदान हवे, ना त ई कौनों प्रोपेगंडा करे, बिज्ञापन करे या अपनी बात के सामने रखे के जगह हवे। ई सभ बात [[:en:WP:Promotional usernames|सदस्य नाँवस्थान]], लेख, श्रेणी, फाइल, बातचीत पन्ना के चर्चा, टेम्पलेट, आ सदस्य पन्ना नियर सगरी जगह पर लागू होले। एही से विकिपीडिया पर डालल जाए वाली कौनों भी सामग्री के निचे लिखल चीज खातिर ना होखे के के चाहीं:
 
# कौनों भी तरीका के '''दलील/वकालत, [[:en:promotion|परचार]], या [[:en:recruitment|भरती खातिर]]''': ब्यावसायिक, राजनीतिक, बैज्ञानिक, धार्मिक, राष्ट्रीय (या राष्ट्रवादी, क्षेत्रवादी, समूहवादी), खेल-संबधी, या अन्य दूसर। कौनों लेख ऊपर गिनावल चीज के ''"बारे में"'' वस्तुनिष्ठ (ऑब्जेक्टिव) तरीका से रिपोट कर सकत बाटे जबले की ऊ बिसय के [[:en:Wikipedia:neutral point of view|तटस्थ रूप से]] बिबरण बर्णन करे के कोसिस होखे। अगर आप कौनों बिसय पर आपन बात मनवावल चाहत बानी या अपनी राय के प्रतिष्ठा चाहत बानी तब इंटरनेट पर दूसर कौनों मध्यम जईसे की ब्लॉग इत्यादि के प्रयोग करीं। इहाँ ई सब कभी मत करीं।<ref>विकिपीडिया के [[:en:WP:NSO|लेख पन्ना]] (आ अउरी टेक्नीकल पन्ना सभ: श्रेणी, [[:en:WP:NAV|नेविगेशन बाक्स]], इत्यादि) दलील आ तर्क बितर्क से ऊपर बाटे; [[:en:WP:TP|बातचीत पन्ना]], [[:en:WP:UP|सदस्य स्थान]] पन्ना आ [[WP:ESSAY|निबंध]] कुछ अइसन जगह बाटें जहाँ आ अपनी दलील के वकालत कर सकत बानी अगर ऊ सीधे-सीधे [[:en:WP:HERE|विकिपीडिया के बेहतर बनावे से संबंधित]] होखें आ साथै-साथ [[:en:WP:EXPECT|विघटनकारी न होखें]]।</ref>
# '''राय''': बहुत अइसन बिसय हो सके लें जवन बिबाद के बिसय होखें या हाल के घटना के चलते राउर बहुत मन होखे की रउआं आपन बिचार ओह बिसय पर दुनिया के बताईं। विकिपीडिया एह काम के माध्यम ना हवे। लेख में कौनो तरह के प्रविष्टि (एंट्री) दर्ज करे में बैलेंस होखे के चाहीं, खास तौर पर [[:en:Portal:Current events|हाल के घटना]] सभ पर लेख में, एगो तार्किक आ विवेक आधारित दृष्टिकोण के साथ होखे के चाहीं, आ [[:en:WP:NPOV|तटस्थ दृष्टिकोण के साथ]] होखे के चाहीं। अउरी भी, विकिपीडिया के लेखक लोग के अइसन बिसय न चुने के चाहीं जवन जल्दिये उल्लेखनीय न रहि जाय।<!-- However, Wikipedia's sister project [[n:|Wikinews]] allows commentaries on its articles.-->
# '''स्कैंडल फइलावल''': अइसन चीज के बढ़ावा दिहल जवन कहीं सुन लिहल गइल होखे या अफवाह या गप्प होखे। लेख आ सामग्री जवन [[:en:WP:Biographies of Living Persons|जियत लोग के जीवनी]] के बारे में होखे खास तौर पर हाई स्टैंडर्ड के होखे के चाहीं नाहीं त ऊ [[:en:WP:LIBEL|मानहानि]] के दर्जा में आ सके ला (जवन कानूनन गलत होई) या व्यक्ति के [[:en:privacy|प्राइवेसी]] के खिलाफ हो सके ला। कौनों लेख कभी भी अइसे ना लिखल होखे के चाहीं की ऊ केहू पर [[:en:WP:ATP|हमला]] के नियर होखे आ ओह आदमी के रेपुटेशन खराब करे वाला होखे।
# '''आपन प्रमोशन आ व्यक्तिगत परचार''': आप अपने बारे में लिखे के आ अपनी कौनों उपलब्धि के गिनावे भा कौनों अइसन प्रोजेक्ट के बढ़ावा देवे खातिर जवना से आप के निजी जुड़ाव होखे, लेख लिखे के लालच में पड़ सकत बानी। ई हमेशा याद राखल जाय की अइसन पन्ना पर भी विकिपीडिया के स्टैंडर्ड के नीतिनियम हमेशा ओही तरे लागो होखी जईसे की अउरी बाकी पन्ना सभ पर होला। एह बात में तटस्थ दृष्टिकोण के होखल हमेशा जरूरी बा जवन कि अपने खुद के बारे में या अपनी जुड़ाव के बिसय में लिखत समय बहुत मुश्किल बाटे। आत्मकथा नियर चीज के लिखत समय बहुत ढेर कड़ी आ संदर्भ दे के लिखल वर्जित बाटे। अइसना लेख के बनावे से पहिले देखीं: [[:en:Wikipedia:Autobiography|आत्मकथा]], [[:en:Wikipedia:Notability|उल्लेखनीयता]] आ [[:en:WP:SELFPROMOTION|विकिपीडिया:व्यक्तिगत झुकाव]]।
# '''बिज्ञापन, मार्केटिंग भा पब्लिक रिलेशन''': कौनों कंपनी आ उत्पाद के बारे में लिखत समय हमेशा [[:en:Wikipedia:Neutral point of view|तटस्थ आ बिना झुकाव या लगाव के]] लिखे के होला, [[:en:Wikipedia:Avoid peacock terms#Puffery|बेमतलब बड़ाई करे]] से बचे के चाहीं। सगरी लेख कुल हमेशा [[:en:WP:V|सत्यापन जोग]] होखे के चाहीं जवना में [[:en:WP:Independent sources|स्वतंत्र]], [[:en:WP:Third-party sources|तिसरका पार्टी के]] दिहल स्रोत के संदर्भ होखे, एही से कौनों छोट मोट लोकल कंपनी गैराज इत्यादि के बारे में लेख मान्य ना होला। व्यावसायिक संस्था के बारे में [[:en:Wikipedia:External links|बाहरी कड़ी]] स्वीकार होला अगर ऊ [[:en:WP:N|उल्लेखनीय]] संस्था होखे आ ओकरे बारे में पर्याप्त जानकारी अउरी जगह मौजूद होखे। विकिपीडिया कौनों संस्था के प्रमाणित करे या ओकरे साथ जुड़ के काम करे के चीज ना हवे। अउरी जानकारी बदे [[:en:Wikipedia:संस्था आ कंपनी के उल्लेखनीयता]] पर निर्देश देखल जाय। अइसन परचार परसार के काम भी जवन भले पब्लिक सेवा के घोषणा के परचार होखे, भले ऊ कॉमर्शियल न होखे, विकिपीडिया के अलावा कहीं अउरी होखे के चाहीं, इहवाँ ना। [[:en:WP:FINANCIALCOI|झुकाव बिबाद]] देखीं।
 
विकिपीडिया के अपने नीति-नियम के बारे में सदस्य लोग आपन अइसन राय, जवन विघटनकारी न होखे, अपना सदस्य पन्ना या सदस्य नाँवस्थान के पन्ना पर रख सकत बाटे अगर ऊ विकिपीडिया के वर्त्तमान संचालन आ भविष्य के संचालन में बदलाव से जुड़ल होखे। हालाँकि, "लेख के वार्ता पन्ना कभी भी संपादक लोग के निजी राय जाहिर करे के मंच के रूप में इअया इस्तेमाल हो सके ला"। (देखीं, [[:en:Wikipedia:Talk page guidelines|बातचीत पन्ना खातिर निर्देश]])।
{{clear}}