नोहकलिकाई: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
(संपादन ProveIt के मदद से)
 
बिस्तार
लाइन 21:
}}
'''नोहकलिकाई''' भारत के [[मेघालय]] राज्य में मौजूद [[झरना]] बाटे। ३४०&nbsp;मीटर (१११५&nbsp;फीट) ऊँचाई वाला<ref>{{cite web | url=http://www.worldwaterfalldatabase.com/waterfall.php?num=766 | title=नोहकलिकाई झरना | work=World Waterfall Database | accessdate=01 जून 2016}}</ref> ई झरना भारत के सबसे ऊँच झरना बाटे।<ref>{{cite web | url=http://www.worldwaterfalldatabase.com/country/India/ | title=नोहकलिकाई झरना | work=World Waterfall Database | accessdate=2012-05-06}}</ref>
 
ई झरना पृथ्वी पर मौजूद सभसे नम स्थान में से एक, [[चेरापूँजी]] के लगे मौजूद बाटे। झरना के पानी के स्रोत बरखा के पानी बाटे जवन एकरा ऊपरी हिस्सा में मौजूद एगो छोट पठारी हिस्सा पर एकट्ठा होला आ एही से ई झरना दिसंबर-फरवरी के बीच के सूखा वाला सीजन के समय में सिकुड़ जाला आ पानी के बहाव कम हो जाला। झरना के नीचे एगो हरियर रंग के पानी के डुबकी पूल वबनल बाटे।
 
== कथा ==
"नोहकलिकाइ" शब्द के [[खासी भाषा]] में अर्थ होला "का लिकाई के छलांग" आ एकरा साथ एगो कहानी जुड़ल बतावल जाले। किस्सा-कहानी के के मोताबिक गाँव में ''लिकाई'' नाँव के एगो औरत रहत रहल (''का'' औरत खातिर उपसर्ग हवे)। का लिकाई के मरद के मौत तबे हो गइल जब ओकर लड़िकी अबहिन कोरउंस रहल। लिकाई के आपन आ लड़िकी के पेट भरे खातिर कुली के काम करे के परल। कुछ दिन बाद ऊ दूसर बियाह कइलस। काम से लवट के आवे के बाद ओकर सारा समय लड़िकिया के देखभाल करे में बीत जाय। एही से ऊ अपने दुसरा मरद के बहुत धियान न रख पावे। ओकर दुसरा मरदा एही इरखा में एक दिन लड़िकी के मुआ दिहलस। जब का लिकाई साँझ बेरा घरे आइल तब लड़िकी ना मिलल। लिकाई काम से बहुत सिहरा गइल रहल आ सोचलस के लड़िकी कहीं एहरे-ओहर होई आ आ जाई। रसोईं में देखलस कि माँस पका के रखल बाटे तब सोचलस के खा के फिर खोजब। माँस खा पी के जब ऊ पान खाए खातिर पान के डाली उठवलस तब ओह डलिया में लड़िकी के कटाइल अँगुरी मिलल। तब ओकरा के एहसास भइल की ओकरा ना रहले में ओकर मरद लड़िकी के काट के पका दिहलस आ ओही के माँस ऊ खइलसि हऽ। अइसन दुःख आ रीस के मारे लिकाई पागल हो गइल आ एहर-ओहर भागत-दउरत जा अंत में के पहाड़ के कगार से कूद गइल। ओही के चीन्हा ई झरना हवे।<ref>http://www.wondermondo.com/Countries/As/India/Meghalaya/Nohkalikai.htm</ref>
 
==इहो देखल जाय==