कैथी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
एक ठो चित्र जोड़ल गइल
बिस्तार
लाइन 23:
[[चित्र:Kaithi2.JPG|thumb|right|260px|कैथी लिखाई में लिखल एक ठो कहनी, लेखक बाबू राम स्मरण लाल, १८९८]]
कैथी में लिखल दस्तावेज सभ १६वीं सदी तक ले पुरान पावल गइल बाने। [[मुगल राज|मुगल काल]] में एकरे ब्यापक इस्तेमाल के पता चलल बा। १८८० के दशक में, [[ब्रिटिश राज]] में, [[बिहार]] के कचहरी कोर्ट के ई ऑफिशियल भाषा रहल। बाद में देवनागरी के महत्व ओह इलाका सभ में भी बढ़ल जहाँ पहिले कैथी ढेर प्रचलन में रहल आ ओकरे बाद कैथी के चलन धीरे धीरे कम होत गइल।
 
==विवरण==
कैथी लिखाई बायें से दाहिने लिखल जाले।<ref name="Nakanishi1990">{{cite book|author=Akira Nakanishi|title=Writing Systems of the World|url=https://books.google.com/books?id=XVCo7lwPZB0C&pg=PA68|year=1990|publisher=Tuttle Publishing|isbn=978-0-8048-1654-0|pages=68–}}</ref> ई [[आबूगीडा]] प्रकार के लिखाई हवे। एह में व्यंजन में स्वर के चीन्हा मिला के लिखल जालें। स्वर के अक्षर सभ के अलग से भी लिखल जा सके ला। स्वर के चीन्हा व्यंजन अक्षर के ऊपर, नीचे आगे आ पाछे (अलग-अलग स्वर अनुसार) लागे लें। कैथी लिपि के एक ठो खासियत हवे उपर के पड़ी पाई (शिरोरेखा) के ना होखल।<ref name="Agravāla2004" />
 
कैथी लिपि के भी तीन गो प्रकार बतावल गइल बाटे: तिरहुती कैथी, मगही कैथी आ भोजपुरी कैथी।<ref name="Chaturvedi">{{cite book|author=चतुर्वेदी, राजेश्वर प्रसाद|title=हिंदी व्याकरण|url=https://books.google.com/books?id=cjilBQAAQBAJ&pg=PA23|isbn=978-81-7482-782-1|pages=23–}}</ref>
 
कैथी के पुराना समय में बिस्तार के प्रमाण सुदूर पूरुब में [[आसाम]] ले मिलल बाटे। मगध क्षेत्र के संत आ सिद्ध लोग के दैनिक बेह्वार के लिखाई भी कैथी रहल। मगध से बंगाल आ आसाम ले भक्ति आंदोलन के समय के रचना सभ के लिखे खातिर एह लिपि के इस्तेमाल के भी प्रमाण मिले ला। इहो कहल जाला कि आसाम के वर्तमान भाषा आ लिपि के बिकास में कैथी के योगदान रहल बाटे।<ref name="Agravāla2004">{{cite book|author=Saroja Agravāla|title=Hindī ke janajātimūlaka upanyāsoṃ kī samājaśāstrīya cetanā aura usakā aupanyāsika pratiphalana|url=https://books.google.com/books?id=YduyZu4rAl0C&pg=PA115|year=2004|publisher=Star Publications|isbn=978-81-85244-86-0|pages=115–}}</ref>
 
==वर्तमान दसा==
उत्तर भारत के कुछ इलाका में अभी भी पुरान सरकारी दस्तावेज कैथी लिखाई में सुरक्षित बाने। खासतौर पर जमीन के खतियान के रिकार्ड पुरान समय से कैथी लिखाई में बा। एही से जब कौनों जमीन संबंधी बिबाद या खरीदे-बेचे के मामिला आवेला तब एह लिखाई के जानकार लोग के जरूरत पड़े ला।<ref>http://www.prabhatkhabar.com/news/patna/story/798403.html</ref> वर्तमान में एह लिखाई के बस इहे महत्व रहि गइल बाटे आ बतावल जात बा कि एकरा जानकार लोग के कमी से काफी दिक्कत भी हो रहल बाटे।
 
हाल में बिहार के सरकार आ नालंदा खुला विश्वविद्द्यालय के कुछ प्रयास कैथी लिपि सिखावे खातिर भइल बा। एकरा खातिर ट्रेनिंग कैम्प भी लगावे के खबर बा।<ref>http://www.bhaskar.com/news/BIH-PAT-HMU-MAT-latest-patna-news-051504-2178460-NOR.html</ref>
 
==युनिकोड==
"https://bh.wikipedia.org/wiki/कैथी" से लिहल गइल