विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
भूमिका
बिस्तार
लाइन 8:
 
एह पन्ना पर बतावल गइल नीति, सगरी नीति, दिसानिर्देस आ अन्य अइसन पन्ना सभ के ब्यवस्था (संगठन या ऑरगेनाइजेशन), जीवन-चक्र, रखरखाव, आ पालन से संबंधित समुदाय के मानक सभ के बर्णन बाटे।
 
==नीति आ दिसानिर्देस के मूल==
<!-- {{see|Wikipedia:Administration#Human and legal administration}} -->
विकिपीडिया के संचालन एक ठो गैर-लाभकारी-संस्था [[विकिमीडिया फाउंडेशन]] द्वारा होला आ एही के लगे कुछ कानूनी अधिकार सुरक्षित बाटे - एकरे नीति सभ के लिस्ट खातिर [[foundation:Policies|विकिमीडिया फाउंडेशन के नीति पन्ना]] देखल जा सके ला। एकरे अलावा, विकिपीडिया के संस्थापक [[:en:Wikipedia:Role of Jimmy Wales|जिमी वेल्स के भूमिका]] देखल जा सकेला। अन्य दसा में, विकिपीडिया एक ठो खुद-शासित (सेल्फ-गवर्निंग) प्रोजेक्ट बाटे जे अपने प्रयोगकर्ता मंडली द्वारा चलावल जा रहल बा। नीति आ दिसानिर्देस सब, प्रयोगकर्ता लोग के [[WP:Consensus|आम सहमति]] के प्रकटीकरण हवें आ कुछ दसा में भोजपुरी विकिपीडिया नियर छोट विकिपीडिया पर ई नीति आ दिसानिर्देस बड़ विकिपीडिया सब, जइसे कि अंग्रेजी विकिपीडिया, के अनुभव से सीख ले के उहाँ के नीति सभ के अनुसरण में बनावल गइल हवें।
 
==नीति आ दिसानिर्देस सब के भूमिका==
<!-- {{see|Wikipedia:The difference between policies, guidelines and essays}} -->
{{shortcut|WP:POLICIES|WP:GUIDES}}{{anchor|Policies|policies|नीति|नीति सब|नीति सभ}}'''नीति''' सब संपादक मंडली में ब्यापक रूप से स्वीकार्य बाड़ी आ अइसन मानक (स्टैंडर्ड) के बर्णन करे ली जिनहन के सगरी संपादक लोग द्वारा [[Wikipedia:Ignore all rules|आमतौर पर]] पालन होखे के चाहीं। सगरी नीति सभ [[विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस सभ के लिस्ट‎]] आ [[:श्रेणी:विकिपीडिया नीति]] में बाड़ी। संछेप में इनहन के बिबरण देखे खातिर [[विकिपीडिया:नीति सभ के लिस्ट|नीति सभ के लिस्ट]] भी देखल जाय।
 
{{anchor|Guidelines|guides|guide|दिसानिर्देस|दिशानिर्देश|गाइड}}'''दिसानिर्देस''' कामकाज के सभसे नीक तरीका (बेस्ट प्रैक्टिस) बतावे लें आ आम सहमती के ऊपर आधारित बाड़ें। संपादक लोग के इनहन के पालन करे के चाहीं आ इनहन के पालन में सहज बुद्धि के प्रयोग करे के चाहीं, कभी-कभार इनहन के अपवाद भी घटित हो सके ला। दिसानिर्देस पन्ना [[विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस सभ के लिस्ट]] आ [[:श्रेणी:विकिपीडिया दिसानिर्देस]] में मिल जइहें। संछेप में इनहन के बिबरण खातिर देखल जाय [[वि:दिसानिर्देस सभ के लिस्ट|दिसानिर्देस सभ के लिस्ट]]।
 
{{anchor|Essays}}'''निबंध''' केहू अनुभवी संपादक या संपादक लोग के राय या या नीति के ओ लोग समझ से मतलब बतावे वाला पन्ना हवें। इनहन पर आम सहमति ना होखे इहो हो सकेला। ई पूरा विकिपीडिया समुदाय के राय के प्रतिनिधित्व ना करे लें आ बिना कौनों परमीशन के लिखल जा सके लें आ केहू अन्य संपादक द्वारा संपादित कइल जा सके लें। अइसन निबंध जिनहन खातिर लेखक के आग्रह होखे कि लेखक के अलावा अउरी केहू न संपादित करे या जवन आम सहमति आ परंपरा के साथ कुछ बिरोध रखत होखें, [[Wikipedia:User pages|प्रयोगकर्ता नाँवस्थान]] पर रखे के चाहीं। {{crossref|(ढेर जानकारी खातिर, देखीं [[विकिपीडिया:निबंध]]।)}}
 
अन्य [[Wikipedia:Administration#Data structure and development|प्रबंधन संबंधी पन्ना]] जे [[Wikipedia:Project namespace|विकिपीडिया: नाँवस्थान]] में रखल गइल बाड़ें, इनहन में शामिल बा:
 
* '''प्रक्रिया पन्ना''', जे नीति आ दिसानिर्देस के उपयोग करे के तरीका बतावे लें (उदाहरण खातिर, [[विकिपीडिया:हटावे खातिर लेख]]),
* '''[[वि:विकिप्रोजेक्ट|विकिप्रोजेक्ट]] पन्ना''', जिनहन में [[Wikipedia:WikiProject advice pages|अन्य संपादक लोग द्वारा लिखल सलाह]] ओह बिसय से जुड़ल लेख बनावे खातिर लिखल होखे,
* '''[[Wikipedia:How to pages ‎|कइसे-करीं]] या मदद पन्ना''' (जेवन [[WP:Help namespace|मदद नाँवस्थान]] में भी बाड़ें), तमाम तरह के टेक्नीकल जानकारी देलें,
* '''[[Wikipedia:Information pages |जानकारी पन्ना]]''', जवन आमतौर पर तथ्य के जानकारी देलें,
* '''[[Wikipedia:Supplemental pages|सप्लीमेंट पन्ना]]''' जे नीति नियम के बिस्तार से समझावे खातिर सप्लीमेंट (पूरक) पन्ना हवें, आ
* '''[[:Category:Wikipedia discussion|समुदाय चर्चा पन्ना]]''' आ '''[[:Category:Wikipedia noticeboards|सूचनापट]]''' जिनहन के प्रयोग संपादक लोग आपस में संबाद खातिर करे ला।
 
ई अन्य पन्ना सभ नीति भा दिसानिर्देस ना हवें, लेकिन इनहन में विकिपीडिया के समझ बढ़ावे खातिर महत्वपूर्ण जानकारी हो सकत बाटे।
 
[[श्रेणी:विकिपीडिया नीति|*]]