नेपाल के इतिहास: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Bot: Fixing redirects
छो →‎लिच्छवी काल: clean up, replaced: सम्बन्ध → संबंध using AWB
लाइन 14:
 
===लिच्छवी काल===
सन ४०० से ७५० तक नेपाल के हाल के राजधानी [[काठमाडौं|काठमांडु]] में [[लिच्छवी वंश|लिच्छवी]]यन के शासन रहल। कौटिल्य के अर्थशास्त्र के अनुसार तथा चिनी यात्री हुएन साङ्ग के यात्रा वृत्तान्त के अनुसार वैशाली से भाग के आईल कुछ वीर पुरुष लोग किराँती कुल के खेद के लिच्छवी वंश के स्थापना कईले रहल लोग । पावल गईल शिलालेख, मुद्रा आ चंगुनारायण मन्दिर के अभिलेख कुल से पता चलेला मानदेव लिच्छवी वंश के प्रथम ऐतिहासिक राजा रहले । अंशुवर्मा के भारत के राजा हर्षवर्धन से निकटतम वैवाहिक सम्बन्धसंबंध रहल । ई बात से ई पुष्टि होला कि गण्डक नदी से कोशी नदी तक पहाडी भूभाग में लिच्छवी कुल किराँती कुल के खेद के एक साथ शासन कईले जा। एहि क्षेत्र से दक्षिण के नेपाल के तराई प्रदेश जईसे कि मिथिला राज्य बा ई के अंशुवर्मा अपना अधिन में लेके वैशाली आ पाटलीपुत्र राज्य में समावेश कर दिहले। अंशुवर्मा के बाद नरेन्द्रदेव भारतीय राजा कुल के समर्थन सहयोग से राज्य कईले । नरेन्द्र के बाद गुप्त वंश के शासन अईला से सम्पूर्ण राज्य छोट छोट राज्य में विभाजित हो गईल । ई सम्पूर्ण घटना ईसा पूर्व के ह। ओने बंगाल में चालुक्यसेन के राज्य रहल । नान्यदेव चालुक्य राजा के सेनापति रहले। जे तिरहुत डोय राज्य के स्थापना कर के सिमरनगढ के आपन राजधानी बनवले । मुसलमान आक्रमणकारी सुद्धिन तुगलक के भय से नान्यदेव के पलाती हरि सिंहदेव सर्लाही जिल्ला होते हुए भक्तपुर भाग गईलन उनकर रानी राजल देवी जयस्थिति मल्ल के आपन दामाद बनाके मल्लवंश के शासन स्थापित कईली।
===मल्ल काल===
1201–1769 ई0 के समय नेपाल में मल्ल काल के शासन रहल। मल्ल काल में काठमांडु आ ई के आस-पास के क्षेत्र मात्र नेपाल कहल जात रहल आ इ क्षेत्र में रहे वाला लोग नेवार कहलात रहल लोग (नेवारी भाषा में नेवार के अर्थ होला नेपाल के नागरिक)। मल्ल-वेश भारत के मल्ल-वंश (महाजनपद) के शासक रहल लोग। मल्ल-वंश खुद के क्षत्रिय बतावत रहल लोग<ref>P. 58 ''Buddhism, Diplomacy, and Trade: The Realignment of Sino-Indian Relations, 600-1400'' By Tansen Sen</ref> मल्ल कुल के भारत छोड़े के दवाब दिहल गईल। मल्ल-वंश के बारे में महाभारत आ बुद्ध के किताब में पढ़ल जा सकत बा। काठमांडु क्षेत्र में लगभग 1200 ई0 में मल्ल के पहिलका शासक शासन में अईले। मानल जायेला मल्ल-काल नेपाल के स्वर्णकाल रहल जवन 600 वर्ष तक चलल।<ref name="Bindloss et al. Nepal. p34.">Bindloss ''et al''. p34.</ref>