अमेरिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
भूमिका बिस्तार
भूमिका बिस्तार
लाइन 114:
'''यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका''', ({{Lang-en|[[:en:United States of America|United States of America]]}}, {{Lang-hi|[[:hi:संयुक्त राज्य अमेरिका|संयुक्त राज्य अमेरिका]]}}) या ख़ाली '''अमेरिका''' की नाँव से परसिद्ध, [[उत्तर अमेरिका]] का एक देश बा। इ देश की राजधानी [[वाशिंगटन डी॰सी॰]] बा। अमेरिका एक ठो संबैधानिक फेडरल रिपब्लिक हवे जेह में ५० गो राज्य, एक ठो फेडरल डिस्ट्रिक्ट, पाँच गो प्रमुख खुदशासित राज्यक्षेत्र आ अन्य कई गो अधिकारक्षेत्र सामिल बाड़ें। पचास गो में से अड़तालीस राज्य एक साथ एकट्ठा बाने जिनहन से मुख्य भूमि बनल बा, [[कनाडा]] के दक्खिन आ [[मैक्सिको]] के उत्तर में ई अमेरिकी मुख्य भूमि स्थित बाटे। उत्तर अमेरिकी महादीप के उत्तरी पच्छिमी कोना पर [[अलास्का]] राज्य बा जेकर पूरबी सीमा कनाडा से बनल बा आ पच्छिम ओर [[बेरिंग जलजोड़]] के ओह पार रूस से सीमा बने ला। [[प्रशांत महासागर]] के बीच में दीपसमूह के रूप में हवाई राज्य मौजूद बा।
अन्य राज्य क्षेत्र सभ प्रशांत महासागर आ [[कैरीबियन सागर]] में मौजूद बाने। यूऍस के राज्यक्षेत्र कुल नौ ठो टाइम जोन में बिस्तार लिहले बाटे। देस के भूगोल, जलवायु आ जियाजंतु में बहुत ढेर बिबिधता बाटे।
 
३८ लाख बर्गमील (९८ किमी२) रकबा आ ३२ करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन २०१० में ८०% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।
 
{{clear}}