अमेरिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
भूमिका बिस्तार
अनुवाद सामग्री जोड़ल गइल
लाइन 116:
 
३८ लाख बर्गमील (९८ किमी२) रकबा आ ३२ करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन २०१० में ८०% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।
 
उत्तर अमेरिका में मनुष्य के आबादी कम से कम 15,000 साल पहिले भइल जब एशिया से मंगोलाइड प्रजाति के लोग इहाँ प्रवास क के पहुँचल।
16वीं सदी में यूरोपियन उपनिवेश बने सुरू भइल। वर्तमान युनाइटेड स्टेट्स के उत्पत्ती १३ ब्रिटिश उपनिवेश सभ से भइल जे पूरबी किनारा पर बसल रहलें। ग्रेट ब्रिटेन आ उपनिवेश सभ के बीच कई ठे बिबाद के कारण सात साला जुद्ध आ एकरे बाद अमेरिकी क्रांति भइल।
1775 में सुरू भइल अमेरिकी क्रांति के परिणाम के रूप में 4 जुलाई 1776 के तेरहो उपनिवेश सभ के प्रतिनिधि लोग आजादी के घोषणापत्र पर दसखत कइल, जबकि लड़ाई जारी रहल आ 1783 में ग्रेट ब्रिटेन द्वारा युनाइटेड स्टेट्स के आजादी स्वीकार कइल गइल। ई कौनों यूरोपियन उपनिवेश साम्राज्य के बिरुद्ध पहिला सफल लड़ाई रहल।
वर्तमान संबिधान के 1788 में अंगीकार कइल गइल। पहिला दस गो संसोधन, जिनहन के ''बिल ऑफ राइट्स'' कहल जाला, 1791 में पास भइल आ मूल नागरिक आजादी के गारंटी भइल।
 
 
 
{{clear}}