सम्मत फूँकल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
+ infobox
संदर्भ जोड़ल गइल
लाइन 16:
| relatedto = [[होली]]
}}
'''सम्मत फूँकल''', '''सम्मत फूँकल''' या '''होलिका दहन''' भारतीय तिहुआर [[होली]] के मनावे के हिस्सा हवे।<ref>{{cite web|url=http://www.holifestival.org/evening-of-bonfires.html |title=The Evening of Bonfires, Holi Bonfire, Holi Bonfire Celebrations |publisher=Holifestival.org |date= |accessdate=2017-03-08}}</ref> आमतौर पर होली के एक दिन पहिले के राती खा, सम्मत फूँकल जाला। ई मैदान में एगो बाँस गाड़ के ओकरा चारो ओर लकड़ी, पतई आ गोइठा के ढेर लगा के बनावल गइल होला जेकरा के पूजा पाठ के बाद जरा दिहल जाला। एकरा आगि से लुकार बना के जरावल जाला जेकरा के होलरी कहल जाला। जरत होलरी ले के मैदान में दउरल आ एकरा से खेला देखावल, होलरी खेलल कहल जाला।
 
पूर्वांचल, बिहार आ नेपाल के सटल इलाका के अलावा बाकी हिंदुस्तान में एह तिहवार के '''होलिका दहन''' या '''होली जलाना''' कहल जाला आ एकरा के कथा के मोताबिक [[होलिका]]-प्रहलाद के खीसा से जोड़ल जाला।