अमेरिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
अनुवाद सामग्री जोड़ल गइल
छो →‎top: अंक बदलाव/चर्चा-वि:चौपाल (oldid=442074) using AWB
लाइन 112:
|footnote_e = {{note|driving}} Except the [[United States Virgin Islands|Virgin Islands]].
}}
'''यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका''', ({{Lang-en|[[:en:United States of America|United States of America]]}}, {{Lang-hi|[[:hi:संयुक्त राज्य अमेरिका|संयुक्त राज्य अमेरिका]]}}) या ख़ाली '''अमेरिका''' की नाँव से परसिद्ध, [[उत्तर अमेरिका]] का एक देश बा। इ देश की राजधानी [[वाशिंगटन डी॰सी॰]] बा। अमेरिका एक ठो संबैधानिक फेडरल रिपब्लिक हवे जेह में ५०50 गो राज्य, एक ठो फेडरल डिस्ट्रिक्ट, पाँच गो प्रमुख खुदशासित राज्यक्षेत्र आ अन्य कई गो अधिकारक्षेत्र सामिल बाड़ें। पचास गो में से अड़तालीस राज्य एक साथ एकट्ठा बाने जिनहन से मुख्य भूमि बनल बा, [[कनाडा]] के दक्खिन आ [[मैक्सिको]] के उत्तर में ई अमेरिकी मुख्य भूमि स्थित बाटे। उत्तर अमेरिकी महादीप के उत्तरी पच्छिमी कोना पर [[अलास्का]] राज्य बा जेकर पूरबी सीमा कनाडा से बनल बा आ पच्छिम ओर [[बेरिंग जलजोड़]] के ओह पार रूस से सीमा बने ला। [[प्रशांत महासागर]] के बीच में दीपसमूह के रूप में हवाई राज्य मौजूद बा।
अन्य राज्य क्षेत्र सभ प्रशांत महासागर आ [[कैरीबियन सागर]] में मौजूद बाने। यूऍस के राज्यक्षेत्र कुल नौ ठो टाइम जोन में बिस्तार लिहले बाटे। देस के भूगोल, जलवायु आ जियाजंतु में बहुत ढेर बिबिधता बाटे।
 
३८38 लाख बर्गमील (९८98 किमी२किमी2) रकबा आ ३२32 करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन २०१०2010 में ८०80% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।
 
उत्तर अमेरिका में मनुष्य के आबादी कम से कम 15,000 साल पहिले भइल जब एशिया से मंगोलाइड प्रजाति के लोग इहाँ प्रवास क के पहुँचल।
16वीं सदी में यूरोपियन उपनिवेश बने सुरू भइल। वर्तमान युनाइटेड स्टेट्स के उत्पत्ती १३13 ब्रिटिश उपनिवेश सभ से भइल जे पूरबी किनारा पर बसल रहलें। ग्रेट ब्रिटेन आ उपनिवेश सभ के बीच कई ठे बिबाद के कारण सात साला जुद्ध आ एकरे बाद अमेरिकी क्रांति भइल।
1775 में सुरू भइल अमेरिकी क्रांति के परिणाम के रूप में 4 जुलाई 1776 के तेरहो उपनिवेश सभ के प्रतिनिधि लोग आजादी के घोषणापत्र पर दसखत कइल, जबकि लड़ाई जारी रहल आ 1783 में ग्रेट ब्रिटेन द्वारा युनाइटेड स्टेट्स के आजादी स्वीकार कइल गइल। ई कौनों यूरोपियन उपनिवेश साम्राज्य के बिरुद्ध पहिला सफल लड़ाई रहल।
वर्तमान संबिधान के 1788 में अंगीकार कइल गइल। पहिला दस गो संसोधन, जिनहन के ''बिल ऑफ राइट्स'' कहल जाला, 1791 में पास भइल आ मूल नागरिक आजादी के गारंटी भइल।