टैंगानिका झील: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो →‎भूगोल: clean up, replaced: लम्बाई → लंबाई using AWB
छो अंक बदलाव/चर्चा-वि:चौपाल (oldid=442074)
लाइन 2:
|name = टैंगानिका झील
|image = STS51G-034-0012_Lake_Tanganyika_June1985.jpg
|caption = अंतरिक्ष से टैंगानिका झील के तस्वीर, जून १९८५1985
|image_bathymetry = Lake Tanganyika map.png
|caption_bathymetry = map
लाइन 36:
बहुत ढेर गहिराई आ उष्णकटिबंधी लोकेशन के कारण झील के पानी के उलटपुलट (टर्नओवर) ना हो पावेला, मतलब ई कि, नीचे के गहिराई में मौजूद पानी के फॉसिल-वाटर कहल जा सके ला आ ई बिना ऑक्सीजन के होखेला। झील के बेसिन, जहाँ ले क पानी एह में गिरे ला, {{convert|231000|km2|mi2|abbr=on}} बिस्तार वाला बाटे। दू गो मुख्य नदी एह झील में गिरे लीं आ अउरी कई ठे बहुत छोट-छोट नदी भी गिरेलिन। झील में से लुकूगा नदी बाहर निकले ले आ एकर पानी बहा के कांगो नदी में छोड़े ले।
 
कीवू झील से आवे वाली [[रुजीजी नदी]], १०10,०००000 साल पहिले अस्तित्व में आइल जवन टैंगानिका में उत्तर के ओर से आ के गिरे ले। दुसरी प्रमुख नदी [[मालागरासी नदी]] बा, जे तंजानिया के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, पूरुब ओर से आ के गिरे ले। ई नदी टैंगानिका झील से पुरान हवे आ जब झीलिया ना रहल तब सीधे कांगो नदी में जा के मिले।
 
झील के लोकेशन उष्णकटिबंध में होखे के कारण [[बास्पीकरण]] बहुत होला। एही कारण, कीवू झील से बाहर निकल के आवे वाली रुजीजी नदी के पानी के बहाव पर ई निर्भर बा कि टैंगानिका से पानी बाहर बहे। कीवू झील से रुजीजी के रूप में होखे वाला बहाव बहुत पुरान ना हवे आ लगभग १२12,०००000 साल से ई हो रहल बाटे, जब लावा के जमाव के कारण कीवू के पुरनका, [[एडवर्ड झील]] से हो के नील नदी में जाए वाला बहाव बंद हो गइल। झील के प्राचीन किनारा के अध्ययन ई सुझावे ला की टैंगानिका के पुरान लेवल वर्तमान से ३००300 मीटर नीचे रहल होखी आ पानी के कौनों निकास समुंद्र में ना पहुँचत रहल होखी। इहाँ ले कि एकर वर्तमान निकास भी परमानेंट ना हवे, हो सकेला कि जब १८५८1858 में पच्छिमी लोग एकरा खोज कइल तब ई बहाव न रहल होखे।
 
समय के अलग अलग दौर में एह झील में पानी के आगम आ निकास दुनों में कुछ अंतर भी रहल हो सके ला। ऊँचाई पर मौजूद [[रुकवा झील]] से आगम, [[मलावी झील]] ले पहुँच, आ नील नदी में एह झील से पानी के निकास, ई सगरी बात इतिहास में कौनों दौर में होखे के प्रस्ताव बिद्वान लोग द्वारा कइल गइल बाटे।<ref>{{cite book |last=Lévêqu |first=Christian |title=Biodiversity Dynamics and Conservation: The Freshwater Fish of Tropical Africa |year=1997 |publisher=[[कैम्ब्रिज यूनिवर्सिटी प्रेस]] |page=110}}</ref>