स्तूप: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो replaced image of साँची स्तूप
छो अंक बदलाव/चर्चा-वि:चौपाल (oldid=442074)
लाइन 6:
स्तूप के निर्माण के सुरुआत बुद्ध के समय से पहिले से हो चुकल रहे। [[श्रमण]] लोग के बैठल अवस्था में दफनावे खातिर चैत्य के निर्माण होखे। बुद्ध के मरले के बाद उनुके जरा दिहल गइल आ राख के बाँट के आठ गो ढूह में समाधी बनावल गइल आ दू गो अउरी ढूह में अस्थि-अवशेष के समाधी दिहल गइल।
 
सभसे पुरान स्तूप सभ के पुरातत्व वाली जानकारी 4<sup>थी</sup> सदी ई पू के मिलेला। बौद्ध ग्रंथ सब के मोताबिक स्तूप के निर्माण बुद्ध के मरले के एक सदी बाद शुरू भइल। इहो मानल जाला कि पहिले ई चीज लकड़ी के बनावल जाय या फिर खाली भर माटी के ढेर एकट्ठा करि के गोल टीला के आकार दे दिहल जाय। बाद में ई पक्का ईंटा के बनावल जाए लगलें।
 
बाद में बौद्ध धर्म के बिस्तार के बाद ई परंपरा भारत के बाहर के देसवन में पहुँचल। उदाहरण खातिर पूर्ब एशिया के देस सभ में बने वाला पैगोडा के एही स्तूप के निखरल रूप मानल जाला।
लाइन 12:
==प्रमुख स्तूप==
 
[[चित्र:Sanchi2.jpg|thumb|left|240px|(4<sup>थी</sup>–१–1<sup>ली</sup> सदी ईसापूर्व) में सम्राट [[अशोक|अशोक]] के बनवावल [[साँची स्तूप]]।]]
[[File:Borobudur temple panorama.jpg|thumb|right|260px|[[बोरोबुदुर]] के घंटी के आकार के स्तूप समूह।]]
भारत के प्रमुख स्तूप में [[सारनाथ]] में [[धमेक स्तूप]], [[साँची स्तूप]], [[भरहुत स्तूप]] आ [[अमरावती स्तूप]] के गिनल जाला। सभसे ऊँच स्तूप थाईलैंड में [[फ्रा पथोमाचेदी]] स्तूप बाटे जवन १२७127 मीटर ऊँच बाटे। एकरे अलावा पाकिस्तान के स्वात घाटी में, श्रीलंका में आ अउरी बहुत सारा देसवन में पुरान स्तूप बाड़ें। सभसे बिस्तार से बनल स्तूप [[बोरोबुदुर]] में मौजूद बाटे जवन यूनेस्को द्वारा बिस्व विरासत स्थल घोषित बाटे।
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/स्तूप" से लिहल गइल